अच्छा खबर : जिला में बुधवार के खाली कोवैक्सीन के सेकेंड डोज़ वाला लाभार्थियन के लागी वैक्सीन

अच्छा खबर : जिला में बुधवार के खाली कोवैक्सीन के सेकेंड डोज़ वाला लाभार्थियन के लागी वैक्सीन
जिला के मिलल कोवैक्सीन के 10 हजार डोज, प्रखंड मुख्यालयन सहित शहर में चार जगहा होखी टीकाकरण

धर्मेंद्र पांडेय, भोजपुरी समय, मशरख, सारणः छपरा जिला में कोवैक्सीन के इंतजार करे वाला लाभार्थियन खातिर अच्छा खबर बा। आब जिला में बुधवार के कोवैक्सीन के सेकेंड डोज वाला लाभार्थियन के टीकाकरण कइल जाई। जिला स्वास्थ्य समिति के डीपीएम अरविन्द कुमार  बतवले कि कोवैक्सीन के सेकेंड डोज खातिर काफी समय से लोगन के इंतजार रहल ह। अब ई इंतजार खत्म हो गइल बा। जिला के कोवैक्सीन के 10 हजार डोज वैक्सीन प्राप्त भइल बा।

आगे स्वास्थ्य समिति के डीपीएम कहलें की बुधवार के खाली सेकेंड डोज वाला लाभार्थियन के टीकाकरण होखी। शहरी क्षेत्र में सदर अस्पताल, पुलिस केंद्र, शहरी प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र मासूमगंव आ बड़ा तेलपा में टीकाकरण होखी। ओहिजा प्रखंड मुख्यालय स्तर पर खाली सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र आ प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्रन पर सेकेंड डोज दिहल जाई। एकरा अलावा छपरा शहर के अंबेडकर भवन में कोविशिल्ड के प्रथम आ सेकेंड डोज दियाई । लाभार्थियन से अपील करत डीपीएम अरविन्द कुमार कहलें कि रउआ अपना सुविधानुसार वैक्सीन लिहीं आ दोसरो लोग के टीकाकरण के प्रति जागरूक करीं। ऊ बतवलें कि जिला में व्यापक स्तर पर टीकाकरण अभियान चलावल जा रहल बा। एकरा अलावा टीका एक्सप्रेस के माध्यमो से टीकाकरण कइल जा रहल बा।

Related posts

Leave a Comment

one × three =