एनटीपीसी के दूगो मालगाड़ी में टक्कर

भोजपुरी समय, सोनभद्र: एतवार के भोरे भोरे एनटीपीसी रिहन्द के दूगो मालगाड़ी सोझा से दोसरा से लड़ गइली सं। एह दुर्घटना में तीन लोग के मौका पर मौत हो गइल। बतावल जा रहल बा कि ई दुर्घटना सबेरे 4.40 पर बैढ़न से दू किलोमीटर पहिले गनियारी के लगे भइल। घटना के सुचना मिलते सिंगरौली के पुलिस अधिकारी आउर एनटीपीसी के आला अधिकारी राहत बचाव कार्य खातिर मौका पर पहुँचलें। एह भीषण दुर्घटना में एक दर्जन बोगी पटरी से उतर के ऐने-ओने छितरा गइली सं। ओहिजा एह घटना में करोड़न के नोकसान के अनुमान लगावल जा रहल बा।

एनटीपीसी के मोताबिक एनसीएल के अम्लोरी परियोजना से कोयला लेके एनटीपीसी रिहंद के ओर रेल जात रहे। ओहिजा दोसरा ओर से कोयला खाली कऽ के दोसर रेलगाड़ी आवत रहल। सिग्नल के खामियन के चलते सबेरे 4.40 पर दूनू रेलगाड़ी लड़ गइली सं। जेकरा चलते एक दर्जन से अधिका बोगी पटरी से उतर के 50 मीटर की दूरी तक छितरा गइली सं।

Related posts

Leave a Comment

20 − two =