लॉकडाउन के नियम ना माने वाला लोग के हवलात भी जाए के पड़ सकता-एसपी मीर्जापुर

भोजपुरी समय,नितिन अवस्थी,मीर्जापुरः नोवेल कोरोना वायरस के बढ़त संक्रमण के देखत भारत में 21 दिन खातिर लॉकडाउन कइल गइल बा। एह लॉकडाउन के दौरान अगर केहू भी सड़क पर नजर आई त ओकरा हवालात में जाए के पड़ी। जी हां ई हमनी के ना बलुक उत्तर प्रदेश के मीर्जापुर जिला के पुलिस अधीक्षक डॉ० धर्मवीर सिंह के कहनाम बा। जहां देश भर में बुधवार 25 मार्च के रात 12 बजे से संपूर् लॉकडाउन हो गइल बा। अइसन में पुलिस प्रशासन के द्वारा मीर्जापुर में लॉकडाउन के पहिला देर रात तक 103 दूपहिया आ चार पहिया वाहनन के सीज आ एकरा संगे 321 वाहनन के केवल चालान काटल गइल।

एकरा अलावा आज दोसरका दिने सबेरहीं से सड़क पर घूमे वालन के हिरासत में लेके पुलिस कानूनी कार्रवाई कर रहल बा। मीर्जापुर के एसपी डॉ० धर्मवीर सिंह के इहो कहनाम बा कि चजूंकि 25 मार्च के लॉकडाउन के पहिलका दिन रहे एह से अधइकतर लोग के खाती नियम बताके आ समुझा के ही छोड़ दिहल गइल बाकिर आगे से एह नियमन के ना माने वाला लोगन के विरुद्ध कठोर कानुनी कारर्वाई भी कइल जाई। एकरा अलावा ऊ कहलें कि जनपद में जदि केहू के कवनो प्रकार के सहायता चाहीं त ऊ व्यक्ति एकरा खातिर सरकार द्वारा जारी आपातकालीन नंबरन जइसे 102, 112, आ 108 पर फोन करके सहायता प्राप्त कर सकता। ईहे ना हेल्पलाइन पर फोन कऽ के सहायता मांगे वाला लोगन के सहायता भी कइल जा रहल बा।