मुम्बई
निसर्ग चक्रवात आज दोपहर बाद में महाराष्ट्र पहुँच गइल बा। मुम्बई में एह तुफान के कारन बहुत सारा फेड़ रुख गिर गइल बा अउरी लगातार बरखा हो रहल बा।
मौसम विभाग के हिसाब से मुम्बई में निसर्ग तुफान के असर आज साँझ 6 बजे ले रही। एसे सरकार एतिहातन लोगन के घर में रहे के कहले बे।
आज निसर्ग तुफान मुम्बई शहर से 120 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से टकराइल हऽ।
गुजरात में एह तुफान के वजह से बहुत तेज हवा अउरी बारिश हो रहल बा। एगो ट्वीटर के यूजर गुजरात के भावनगर के वीडियो डलले बाड़े।
Cyclone #NisargaCyclone at coastal area of bhavnagar district 🌈🌧🌧⚡ pic.twitter.com/Tpdi0SMC6o
— Chintan kumar🇮🇳 Gujarat state (@Imchintu45) June 3, 2020