निर्भया दोषिन के डेथ वारंट ना भइल कैंसिल; काल्ह फाँसी

निर्भया केसनई दिल्ली

निर्भया बलात्कार केस में फाँसी के जारी भइल डेथ वारंट के अबहिन हाईकोर्ट रोके से मना कऽ देले बे। काल्ह 20 मार्च के सबेरे 5 बज के 30 मिनट पऽ निर्भया दोषिन के फाँसी देबे के डेथ वारंट कोर्ट जारी कइले बे।

एह डेथ वारंट पऽ रोक लगावे खाती निर्भया दोषी दिल्ली हाईकोर्ट के जस्टिस मनमोहन और जस्टिस संजीव नरूला के अदालत में अर्जी लगवले बाड़े।।

एकरा से पहिले कई बेर ए गुनाहगारन के फाँसी के डेथ वारंट रद्द हो चुकल बा। सुप्रीम कोर्ट ने बियफे के सबेरे एह केस के दोषी पवन गुप्ता के क्यूरेटिव पिटीशन खारिज कऽ देले बे।

Related posts

Leave a Comment

14 + fourteen =