नई दिल्ली
निर्भया बलात्कार केस में आज पटियाला हाउस कोर्ट फेर से फाँसी के डेथ वारंट जारी कऽ देले बा। निर्भया गुनाहगारन के 20 मार्च के सबेरे 5 बजके 30 मिनट पऽ फाँसी दियाई।
एकरा से पहिले तीन बेर ए गुनाहगारन के फाँसी के डेथ वारंट रद्द हो चुकल बा। ई चौथा बेर फाँसी के वारंट जारी भइल बा। काल्ह पवन के दया याचिका राष्ट्रपति रामनाथ कोविन्द खारिज कऽ दिहुवन। एकरा बाद कोर्ट ई वारंट जारी कइले बे।
हालाँकि गुनाहगार अक्षय के लगे राष्ट्रपति के लगे दया याचिका दाखिल करे के मोका बा। अब देखे के बा कि अक्षय दया याचिका दायर करी कि ना।