नूर आलम बादशाह, भोजपुरी समय, नेपाल : नेपाल के धनुषा जिल्ला के क्षिरेश्वरनाथ नगरापलिका वार्ड नंबर 3 स्थित रमदैया में फगुआ के अवसर पर अधिका शराब पियला से मरे वाला लोगन के अब तकले 6 के संख्या चहुंप गइल बा। जबकि शराब पियेवाला में से तीन जना के हालत गम्हीर बनल बा ।

स्थानीय पुलिस के अनुसार शराब पियेवाला तीन आदमी बुध के दुपहरिया आ दू आदमी बियफे के रात में आपन जान गंववले बाड़े। एकरा अलावा स्थानीय लोग के मोताबिक एक आदमी के तीन दिन पहिलहीं मृत्यु भइल बा। मरे वाला में स्थानीय ४० वर्षीय ब्रमहेव यादव, ३५ वर्षीय विभाद मण्डल, ६० वर्षीय गुदरी महरा, रामनारायण महरा आ राजु महरा बा लोग ।
ओहिजा शराब पीके गंभीर बेमार पड़ल ईन्द्रजीत सदा के चिन्ताजनक अवस्था में धरान में इलाज हो रहल बा। गंभीर बेमार पड़ल स्थानीय शत्रुधन मण्डल आ राम ईश्वर महरा के जानकी मेडिकल शिक्षण अस्पताल के आइसीयू में इलाज हो रहल बा।
