नीलगाय से भिड़ंत में बाइक सवार दूगो युवक घायल

भोजपुरी समय, बिहार डेस्क, (तरैया) छपराः छपरा के तरैया थाना क्षेत्र के तरैया-अमनौर एसएच-104 सड़क पर रामपुर महेश घोघरहा गांव स्थित देवी स्थान के लगे शनिचर के दुपहरिया बाद नीलगाय के हमला से बाइक सवार आ चालक गंभीर रूप से घाही हो गइले। एक आदमी के गंभीर अवस्था में पटना रेफर कर दिहल गइल बा, ओहिजा एह घटना में नीलगाय घटनास्थल पर ही मर गइल बिया।

सूत्रन से मिल रहल जानकारी के मोताबिक जख्मी बाइक चालक आ सवार अररिया जिला के ताराबाड़ी थाना क्षेत्र के बिनकटौली गांव निवासी गंगाधर झा के 23 बरिस के बेटा कुमार आंनद आ वीरेंद्र मंडल के 19 बरिस के बेटा चंदन कुमार बतावल जा रहल बा लोग। दूनू घकयलन के जख्मी हालत में पुलिस तरैया रेफरल अस्पताल में भर्ती करवले बिया। जहां डाक्टर लोग प्राथमिक उपचार के बादे कुमार आंनद के गंभीरावस्था में पीएमसीएच रेफर कर दिहले बाडें।

बाइक के घटनास्थल से पुलिस लेकर पहुंचल थाना

घटनास्थल पर उपस्थित प्रत्यक्षदर्शियन के मोताबिक बाइक चालक आ सवार सड़क से जात रहले कि सड़क किनारा से एकाएक नीलगाय बाइक पर कूद पड़ल। जवना से दूनू आदमी गंभीर रूप से घाही हो गइलें। ओहिजा एह टक्कर से नीलगाय भी सड़के पर मर गइल जवना के ओजा से हटवावल गइल बा। दोसरा ओर पुलिस एह घटना में घायल युवकन के घरवाला लोग के मोबाइल पर सूचना दे दिहले बिया।

Related posts

Leave a Comment

four × five =