कोरोना के डर से आधा भारत बंद, मुम्बई में सिनेमा हॉल, जिम बन्द

coronavirus outbreak कोरोना वायरसनई दिल्ली

देश भर से जेवन सूचना आ रहल बाड़ी सऽ ओह हिसाब से अबले देश के लगभग आधा हिस्सा कोरोना से प्रभावित हो चुकल बा। मुम्बई के अलावा महाराष्ट्र के 4 गो शहरन नवी मुंबई, पुणे, पिम्परी चिंचवाड़ अउरी नागपुर में स्कूल, सिनेमा हॉल अउरी जिम बंद करे आदेश जारी हो गइल बा।

दिल्ली में पहिलहीं से सगरी स्कूल, कॉलेज अउरी सिनेमा हॉल 31 मार्च ले बन्द कऽ दिहल गइल बा।

सगरी देश में अबले कोरोना से संक्रमण के कुल्ह 83 गो ममिला सोझा आइल बा। कर्नाटक में एगो 76 बरिस बुढ़ के मउत हो गइल बा।

कोरोना वायरस अबले 120 से अधिका देशन में फइल गइल बा अउरी एह वायरस से मरे वाला लोगन संख्या दिन बीतला के संगे बढ़त जात बा।

 4,214 total views,  3 views today

Related posts

Leave a Comment