कोरोना-मशरख मुखिया संघ के संगे पदाधिकारियन के भइल बइठक

कोरोना वायरस के चलते लॉकडाउन में परदेसी लोगन के लेके मशरख मुखिया संघ के संगे पदाधिकारियन के भइल बइठक

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय, मशरख(सारण): मशरख पूर्वी पंचायत में प्रखंड मुखिया संघ के संगे प्रखंड स्तरीय पदाधिकारियन के आज एगो बइठक भइल। एह बइठक में ई निर्णय लिहल गइल कि बिहार से बहरी के प्रदेशन आ विदेश से आवे वाला लोगन के पहिले प्रखंड स्तरीय राहत शिविर जवन मशरख उच्चत्तर माध्यमिक विद्यालय मशरख में बनावल गइल बा में राखल जाई। एकरा बाद ई सभे लोग के उनकरा उनकरा पंचायतन में बनल आइसोलेशन वार्ड में भेजल जाई। जहां पंचायत के मुखिया के देखरेख में प्रखंड से नियुक्त नोडल अधिकारी आ कर्मचारी एह लोग के निगरानी करीहें। एह मौका पर बीडीओ राजीव कुमार सिन्हा के अध्यक्षता में आयोजित एह बइठक में स्थानीय सीओ ललित कुमार सिंह, एमओ अमरेंद्र कुमार सिंह, चिकित्सा पदाधिकारी डॉ. अनंत नारायण कश्यप, थानाध्यक्ष रत्नेश कुमार वर्मा के अलावा मुखिया संघ के अध्यक्ष अमर कुमार सिंह,  बहरौली मुखिया अजीत कुमार सिंह,  डुमरसन मुखिया शिवजी शर्मा,  मशरक पश्चिमी पंचायत के मुखिया दिलीप कुमार महतो, आदि मुख्य रूप से उपस्थित रहलें। बीडीओ राजीव कुमार सिन्हा कहलें कि देश में आपदा घोषित बा। अइसन परिस्थिति में अगर केहू भी गांव आ मुहल्ला में अफवाह फइलावे के प्रयास करी त अइसन व्यक्ति के कवनो भी परिस्थिति में बख्शल ना जाई। ओहिजा सीओ ललित कुमार सिंह कहलें कि ई समय संयम बरते आ एह आपदा के घरी में लोगन के सेवाभाव से सहयोग करे के बा।

 

 

Related posts

Leave a Comment

twenty − 11 =