कोरोना से जंग में इसुआपुर प्रखंड के मुखिया संघ अध्यक्ष संगम बाबा संगे सभ मुखिया लोग दिही आपन एक साल के भत्ता

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय, मशरख(सारण): कोरोना वायरस से दुनिया के संगे संगे देश भर मे फइलल महामारी से बचाव खातिर जहां शासन-प्रशासन अपना अपना स्तर पर लागल बा ओहिजा बिहार के छपरा जिला के इसुआपुर प्रखंड के अंतर्गत आवे वाला सगरी पंचायत के मुखिया लोग भी अपना अपना स्तर पर सरकार के सहायता करे में जुट गइल बाड़न। पत्रकारन से बातचीत में इसुआपुर प्रखंड के मुखिया संघ के अध्यक्ष संगम बाबा बतवलें हं कि इसुआपुर के सभ पंचायतन के मुखिया लोग के द्वारा एक-एक साल के भत्ता मुख्य्मंत्री आपदा राहतकोष में दिहल जाई।

आपदा के घड़ी में सभे एकजुट होखे-संगम बाबा

अपना संबोधन मे संगम बाबा इहो कहलें कि आज एह आपदा के घङी में सरकार आ कवनो पंचायत प्रतिनिधी पर टीका-टिप्पणी करे के बेरा नइखे। अइसन समय में टीका-टिप्पणी के जगहा हरेक नागरिक के कर्तव्य बनता कि ऊ सरकार आ जनमानस के संगे-संगे डेग-से-डेग मिलाके कोरोना वायरस से जंग लड़े के एह मुहिम में शामिल होखे आ एक-दोसरा के सहयोग आ साथ देबे। मुख्यमंत्री आपदा राहतकोष में दान देवे वाला मुखिया लोग में डटरापुरसौली के मुखिया संगम बाबा, इसुआपुर के मीरा देवी, धन्नंजय पाण्डेय, रामपुरअटौली, रीना देवी, निपनिया, रेणु देवी, केरवाँ, मनोज साह, सहवाँ, मीणा देवी,छपियाँ , गजेन्द्र सिंह,जयथर, रंगलाल राय,अगौथर सुन्दर, ममता देवी, लौवाँ, आ मानती देवी, चकहन पंचायत के मुखिया शामिल बा लोग। ई सभ मुखिया लोग आपन एक साल के भत्ता जवन कि तीस हजार रुपिया बनेला अपना मन से मुख्यमंत्री आपदाकोष में दान देबे के निर्णय कइले बा लोग।

Related posts

Leave a Comment

three × 3 =