भटकेसरी पंचायत के मुखिया आपन तेरह महीना के भत्ता दिहन आपदा राहत कोष में

भटकेसरी पंचायत के मुखिया आपन तेरह महीना के भत्ता दिहन आपदा राहत कोष में

भोजपुरी समय, मंटू तिवारी,भटकेसरी(सारण): कोरोना वायरस से बचाव आ एह वायरस से ग्रस्त लोगन के बचाव खातिर इसुआपुर प्रखंड के मुखिया लोग के द्वारा एक साल के भत्ता मुख्यमंत्री आपदा राहत कोष में दान दिहला के बाद अब छपरा के ही जलालपुर प्रखंड के भटकेसरी पंचायत के मुखिया श्रीराम राय आपन तेरह महीना के भत्ता मुख्यमंत्री आपदा राहत कोष में दान देवे के घोषणा कइले बाड़ें। एह क्रम में मुखिया प्रतिनिधि विकास राय बतवले कि मुखिया श्रीराम राय तेरह महीना के भत्ता के रूप में बत्तीस हजार पांचसो रुपीया मुख्यमंत्री आपदा राहत कोष में दान दिहें।ऊ आगे कहलें कि भटकेसरी पंचायत के मुखिया श्रीराम राय हरमेशा पंचायत के विकास खातिर समर्पित रहेलन आ पंचायत के विकास खातिर कइगो विकास कार्य करवले बाडन। ओहिजा मुखिया के द्वारा आपन तेरह महीना के भत्ता मुख्यमंत्री आपदा राहत कोष में दान दिहला के घोषणा के पंचायत के सभ गणमान्य लोग आ आम जनता प्रशंसा कर रहल बा।

Related posts

Leave a Comment

one × five =