तरैया विधानसभा सीट से चुनाव लड़े के ऐलान कइले युवा राजद नेता मिथिलेश राय

भोजपुरी समय, रंजन कुमार, तरैया (छपरा) :  बिहार में विधानसभा के चुनाव जइसे जइसे नजदिका रहल बा ओइसे ओइसे चुनाव लड़े के इच्छुक लोग सामने आ रहल बा। एह कड़ी में छपरा जिला के तरैया थाना क्षेत्र के फेनहारा गांव के रहे वाला आ युवा राजद नेता मिथिलेश राय भी आवे वाला विधानसभा चुनाव के लड़े के घोषणा कर दिहले बाड़े। छपिया में इस्थित मुस्कान लाइन होटल में अपना कार्यालय पर पत्रकारन से बातचीत करत ऊ चुनाव के तइयारी में व्यस्त होखे के बात कहलें हं। एकरा अलावा आगामी विधानसभा चुनाव तरैया क्षेत्र से लड़े के घोषणा करत  कहलें हं कि आगामी विधानसभा चुनाव के तइयारी में ऊ बहुत जोर-शोर से जुट गइल बाड़े।

मिथिलेश राय काहे चुनाव लड़े के बात कह रहल बाड़ें एह सवाल के जवाब में ऊ कहलें कि राजद से उनकरा आश्वासन मिलल बा कि रउा अपना क्षेत्र में काम करत रहीं,  तरैंया विधानसभा क्षेत्र के सर्वे के बादे टिकट के ऐलान कइल जाई। ऊ आगे कहलें कि नेता प्रतिपक्ष श्री तेजस्वी यादव कहलें बाड़े कि रउआ आपन काम करी आ टिकट दिहल पार्टी के काम बा।

एही से हम पुरा विश्वास के संगे आपन काम कर रहल बानी। मिथिलेश राय इहो भी कहलें हं कि अगर पार्टी से कवनो कारणवश टिकट नइखे भी मिलत त, तरैया विधानसभा क्षेत्र के जनता तय करी की हम चुनाव लड़ीं आ कि ना लड़ीं। आगे कहलें कि हमरा टिकट मिली भा ना मिली हम तबो पार्टी के हित में काम करत रहेब।

 12,320 total views,  181 views today

Related posts

Leave a Comment