सीएसपी संचालकन के संगे थानाध्यक्ष कइलें बइठक

सीएसपी संचालकन के संगे थानाध्यक्ष कइलें बइठक

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय,मशरख(सारण): मशरख थानाध्यक्ष रत्नेश कुमार वर्मा के अध्यक्षता में सीएसपी संचालकन के संगे हो रहल आपराधिक घटना के मद्देनजर प्रखंड क्षेत्र के सभ बैंकन के सीएसपी संचालकों के बइठक थाना स्तर पर आयोजित भइल। एह मौका पर सीओ ललित सिंह,स्टेट बैंक शाखा प्रबंधक रंजीत कुमार सिन्हा, सेन्ट्रल बैंक ऑफ इंडिया शाखा प्रबंधक संजय सिंह, बंधन बैक शाखा प्रबंधक विश्वास मंडल भी मौजूद रहलें। एह बइठक में थानाध्यक्ष के द्वारा सभे सीएसपी संचालकन के ई निर्देश दिहल गइल हऽ कि ऊ लोग बैंक से रुपिया निकाले चाहे जमा करावे खातिर बैंक में अपना जाए के समय के सूचना स्थानीय थाना को दिही लोग। एकरा अलावा व्हाट्सएप के माध्यम से सभ सीएसपी संचालक आउर थाना के पदाधिकारी के जोड़ल जाई ताकि आसानी से जानकारी मिल सके। एह दौरान सीएसपी संचालक लोग बतावल कि बैंक द्वारा ओह लोग के सही समय पर रुपिया मुहैया ना करावल जाला। जवना के कारण एह लोग के बहुत परेशानी के सामना करे के पड़ता। ओहिजा थानाध्यक्ष कहलें कि पुलिस प्रशासन के कड़ा नजर हर सीएसपी आ बैंक पर बा सभे भयमुक्त होके ग्राहक सेवा केंद्र के संचालन करो। कवनो तरह के समस्या भइला पर तत्काल थाना के जानकारी दीं। एह मौका पर धर्मेंद्र पांडेय, राजीव कुमार सिंह उर्फ राजा बाबू, अमरेन्द्र कुमार सिंह समेत दर्जनों सीएसपी संचालक उपस्थित रहले।

 43,473 total views,  1,120 views today

Related posts

Leave a Comment