कोरोना से बचाव खातिर गाजियाबाद के मंदिरन में भी मनावल जाई जनता कर्फ्यू, 23 मार्च से अगिला सूचना तक भक्तन के प्रवेश पर लागी रोक

कोरोना से बचाव खातिर गाजियाबाद के मंदिरन में भी मनावल जाई जनता कर्फ्यू, 23 मार्च से अगिला सूचना तक भक्तन के प्रवेश पर लागी रोक

भोजपुरी समय, शशि प्रकाश तिवारी, गाजियाबादः दुनिया भर में फइलल कोरोना वायरस आ एकरा से हो रहल लगोन के नोकसान के देखत एकरा रोकथाम खातिर बियफे के रात में जहां भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी लोगन से 22 मार्च एतवार के दिने सबेरे 7 बजे से लेके रात के 9 बजे ले जनता कर्फ्यू लगावे के अपील कइले रहस। पीएम के एह अपील के तमाम सोशल मीड़िया प्लेटफार्मन पर ना खालि भारत बलुक दुनिया के आउरी देशन के लोग भी सराहना कर रहल बाड़न आ आपन समर्थन भी जडता रहल बाड़ें। अइसने में यूपी के गाजियाबाद में स्थित कई गो कॉलोनियन के सभ छोट बड़ मंदिरन में भी काल्ह जनता कर्फ्यू मनावल जाई। अइसने फैसला गाजियाबाद के एगो कॉलोनी बृज विहार के अलगा-अलगा ब्लॉकन में स्थित मंदिरन के प्रबंधक समितियन के बइठकन में लियाइल बा। एह मामला में जानकारी लेबे खातिर जब भोजपुरी समय के टीम बृज विहार के डबल स्टोरी ब्लॉक के शिव मंदिर के प्रधान सत्यनारायण ठाकुर से पुछलस त ऊहां के बतवनी कि पीएम मोदी के निहोरा, आ जनता के संगे संगे मंदिर के पुजारी आ बाकि व्यवस्थापक लोग के एकरा(कोरोना के) दुष्प्रभाव से बचावें खातिर मंदिर समिति ई निर्णय कइले बा कि एतवार के सबेरे 7 बजे से पहिले मंदिर में भगवान के भोग लगवला के बाद मंदिर पूरा दिन खातिर बंद कर दिहल जाई। एकरा अलावा 23 मार्च से 31 मार्च तक खाली सबेरे सांझ के आरती खइल जाई आ ओकरा बाद जनता खातिर मंदिर के बंद कऽ दिहल जाई। ओहिजा अइसने फइसला बृज विहार के सी ब्लॉक आ डी ब्लॉक मंदिर समितियन के बइठक में लिहल गइल। ई सभ के बाद त अब ईहे कहल जा सकता कि जनता के हित में मंदिर समितियन के ई फइसला एगो सराहनिय देग बा जवना के सभे के समर्थन करे के चाहीं।

Related posts

Leave a Comment

eighteen + one =