हैदराबाद से मजदूर के शव गांवे अइला के बाद गांव में फइलल मातम

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय,भटकेशरी, सारण: बीतल शुक्रवार दिनांक 18 दिसंबर 2020 के हैदराबाद में निर्माणाधीन पावर प्लांट के चिमिनी से गिरके भटकेशरी निवासी गली प्रसाद के बेटा रमेश प्रसाद के मौत हो गइल रहे। आज जब रमेश के लाश उनकरा पैतृक गांव भटकेशरी पहुंचल त रमेश के परिवार के संगे संगे पूरा गांव में दुख आ गम के लहर पसर गइल। बता दीं की रमेश अपना माई बाबूजी के एकलौता कमाऊ संतान रहले। रमेश अपना पीछा पत्नी गीता देवी , चारगो बेटी आ दूगो बेटा के छोड़ गइल बाड़े। रमेश के सबसे बड़ बेटी मात्र 12 बरिस आ सबसे छोट बेटा लगभग 2 बरिस के बा लोग।

सोमार के सबेरे जब सड़क के रस्ता रमेश के शव भटकेशरी गांव में परिजन के लगे हैदराबाद से आइल ओह समय भटकेशरी पंचायत के मुखिया श्रीराम राय परिवार के लोग के संगे संगे दुःख के बंटावे खातिर मौजूद रहले। इहे ना मुखिया श्रीराम राय सरकार द्वारा घोषित कबीर अन्त्येष्टी योजना के राशि रमेश प्रसाद के परिजन के दिहले आ अपना ओर से आगहूं परिवार के हर संभव मदद के आश्वाशन दिहले। एह मौका पर शत्रोहन प्रसाद, राजन सिंह, पारस प्रसाद, हरदन प्रसाद, शिवरती देवी , सहित सैकड़ों ग्रामीण उपस्थित रहले।

Related posts

Leave a Comment

14 − six =