मैथिली-भोजपुरी अकादमी भी शुरु कइलस लॉकडाउन में फेसबुक पर लाइव कार्यक्रम

भोजपुरी समय, नई दिल्लीः देश दुनिया में कोरोना वायरस से फइल रहल महामारी से बचे खातिर जब दुनिया के कइगो देशन के संगे-संगे अपना देश भारत में भी लॉकडाउन लागल बा। त लॉकडकउन के एह समय में जब सारा दुनिया अपना-अपना घर में घेराइल बा अइसन में लोग घर में बइठले आपन काम कर रहल बा। एह दौरान लोग घर में रहत-रहत ऊबिया भी रहल बाड़ें। हालांकि एह दौरान तमाम छोट-बड़ संस्था सोशल मीडिया जइसे फेसबुक, यूट्यूब आदि पर अपना-अपना पेज भा चैनल के माध्यम से लाइव करा रहल बा आ लोग के घरे बइठल मनोरंजन आ ज्ञानवर्धन करा रहल बा। एही कड़ी में दिल्ली सरकार के संस्था मैथिली-भोजपुरी अकादमी भी मैथिली आ भोजपुरिया लोग खातिर अकादमी के उपाध्यक्ष नीरज पाठक के मार्गदर्शन में देश के कोना-कोना में से खोज के भोजपुरिया कलाकार आ विद्वान लोग के लाइव लेके आ रहल बा। एह क्रम में 2 जून के बलियां के लोकगायक शैलेंद्र मिश्रा के गवनई से शुरु भइल ई लाइव के कार्यक्रम गते-गते परवान चढ़ रहल बा। अकादमी के एह लाइव कार्यक्रम के लोग सराहना भी कर रहल बा। बता दीं कि जहां अबहीं तक एह लाइव में शैलेंद्र मिश्रा आ शैलेंद्र शर्मा के गायकी के कार्यक्रम भइल बा ओहिजा एतवार 7 जून के चारगो अलग-अलग विषय पर विद्वान लोग के बतकही के आयोजन होखे जा रहल बा।

      भोजपुरी समय से फोन पर बातचीत में अकादमी से जुड़ल डॉ. मुन्ना पांडेय बतवनीं हंऽ कि एतवार 7 जून के दुपहरिया 1 बजे से वीर कुंवर सिंह के विरासत पर आपन विचार आ बात राखे खातिर वीर कुंवर सिंह फांउडेशन नई दिल्ली के अध्यक्ष डॉ. निर्मल सिंह जी लाइव रहेब, त 3 बजे से बिहार के सिवान जिला से आर.जे. राणा कोविड-19 आ लॉकडाउन में सामुदायिक रेडियो आ ओकर भूमिका पर आपन बात रखीहें। फेर तीजहरिया 4.30 बजे से हैदराबाद से भोजपुरी गीत आ एकरा वर्गीकरण पर विजया एस कुमार के लाइव बतकही के बाद रात 8 बजे भोजपुरी आ हिन्दी के सुप्रसिद्ध कवि दीपक जायसवाल के भोजपुरी कवितापाठ होखी। अपना बातचीत में मुन्ना पांडेय बतवनी हंऽ कि ई सारा कार्यक्रम अकादमी के वर्तमान उपाध्यक्ष नीरज पाठक जी के मार्गदर्शन आ निर्देशन में हो रहल बा। जब से नीरज पाठक जी उपाध्यक्ष बनल बानी तब से अकादमी के ई प्रयास रहल बा कि भोजपुरी भाषा में साहित्यिक आ अकादमिक स्तर पर रचनात्मक काम होखे जवना से कि आवे वाला पीढ़ी के भी भोजपुरी भाषा पर गुमान हो सके।

 12,726 total views,  187 views today

Related posts

Leave a Comment