राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, जी.एस. बंगरा, सारणः कोरोना महामारी के चलते होखे वाला नोकसान के बात कइल जाव त कई गो अइसन मौका ई महामारी आ एकरा चलते लागल सरकारी रोक समाज से छीन लेले बा जवना के भरपाई कइल संभव नइखे। एह क्रम में अगर बात कइल जाव जिला के सामाजिक संस्था माँ यूथ ऑर्गेनाईजेशन द्वारा पछिला कई बरिस से जनवरी के महिना में आयोजित हो रहल ” सारण सम्मान समारोह” के, त अबकी बार कोरोना काल के दृष्टिगत राखत संस्था एह कार्यक्रम के “सारण पीपुल वर्चुअल सम्मान” के नांव से ऑनलाइन आयोजित कइलस।
ईहां ई बता दीं कि ई संस्था पछिला कई बरिस से सारण प्रमंडल में आवे वाला तीनों जिला में समाज के उन्नति आ विकास खातिर विभिन्न क्षेत्र जइसे फ़िल्म जगत, शिक्षा, कला, पर्यावरण, सड़क सुरक्षा, रक्तदान, निर्धन सहायता आदि सहायक क्षेत्रन में समाज के बीच काम करे वाला व्यक्तियन आ संस्थन के चयन कऽ के हर बरिस एग भव्य कार्यक्रम में सम्मानित करत आ रहल बा। एहू बरिस एह संस्था के द्वारा समाजवीर के रूप में दधीचि गौतम स्मृति सम्मान, सारण गौरव सम्मान, सारण भूषण सम्मान, सारण श्री सम्मान, सारण कोरोना हीरो सम्मान, सारण प्रेरणा सम्मान, सारण युवा सम्मान आ इमर्जिंग यूथ फेस ऑफ सारण सम्मान, पत्रकार मित्र सम्मान आ अन्य विभिन्न सम्मानन में चयनित व्यक्तियन के नामन के घोषणा माँ यूथ ऑर्गेनाइजेशन के फेसबुक अकाउंट से फेसबुक लाइव के माध्यम से कइल गइल।
एह क्रम में विभिन्न सम्मानन से सम्मानित करे खातिर जे लोग के नांव के घोषणा संस्था के द्वारा कइल गइल ह लोग में कुछ प्रमुख नांव बा “दधीचि गौतम स्मृति सम्मान” से गोपालगंज के रहेवाला आ बॉलीवुड अभिनेता श्री पंकज त्रिपाठी, “हरेन्द्र सिंह सारण विभूषण सम्मान” से दिव्यांग गोल्ड मेडलिस्ट अमित कुमार सिंह, “मजरुल हक स्मृति सम्मान” से हेलमेट मैन संदीप साही, “बहुरिया रामस्वरूपा देवी सम्मान” से किन्नर समाजसेवी चंचल तिवारी, “रामनाथ पाण्डेय स्मृति सम्मान” से भोजपुरी पत्रिका सिरिजन के प्रधान सम्पादक सुभाष पाण्डेय आ विभिन्न क्षेत्रन से अउरी व्यक्तियन आउर पत्रकार लोग के नांव रहल।
संस्था के सचिव जया सोनल के कहनाम बा कि सामजिक स्तर पर एह तरह के सम्मान समारोह आयोजित करे के एक मात्र उद्देश्य ना केवल एहिजा ले बा कि एह लोगन के द्वारा समाजहित में बढ़िया काम कइल गइल बा जेकरा कारण एह समाजवीरन के सम्मानित कइल गइल बा, बलुक अदृश्य रूप से संस्था के एगो मुख्य उद्देश्य ईह बा कि सामाजिक स्तर पर एह लोग के अइसे सम्मान देहला से हमनी के समाज इहां लोग के प्रेरणादायक व्यक्ति के नजर से देखी आउऱ इनकरा द्वारा कइल गइल काम के कम से कम कुछ अंश के अनुशरण त जरूर करी। जदि समाज इनका कुछ अंश के अनुशरण करता त हमनी सभ के खुशी महसूस होखी कि एह साल के तरे फेर अगिला साल एही समाज के बीच के नया चेहरने के हमनी के सम्मानित करे के अवसर प्राप्त होखी।
भोजपुरी समय परिवार के द्वारा सम्मानित सभे समाजवीर के अनघा बधाई आ सुकामना बा।