लंगट सिंह कॉलेज में बहुत जल्दी शुरू होई भोजपुरी में एमए के पढ़ाई, सरकार से मिलल स्वीकृति
भोजपुरी समय,मुजफ्फरपुर: भोजपुरी भाषा में एमए करे के इच्छुक लोगन खातिर एगो खुशखबरी बा। बिहार सरकार के ओर से स्वीकृति मिलला के बाद बहुत जल्दी मुजफ्फरपुर के भीमराव अम्बेडकर विश्वविद्यालय से संबद्ध लंगट सिंह कॉलेज में भोजपुरी भाषा में एमए के पढ़ाई शुरू हो जाई। एह विषय में बिहार सरकार के ओर से एगो चिट्ठी कॉलेज प्रबंधन के मिलल बा। सरकार के ओर से आइल एह चिट्ठी के मोताबिक अब कॉलेज प्रबंधन के एमए में सीबीसीएस(च्वाइस बेस्ड क्रेडिट सिस्टम) के अनुसार पाठ्यक्रम बना के सरकार के लगे स्वीकृति खातिर भेजे के बा। चिठ्ठी के अनुसार कॉलेज के पूर्व प्रधानाचार्य के द्वारा दिनांक 05 अगस्त 2014 के पत्र क्रमांक 01012 के द्वारा भेजल पाठ्यक्रम सेमेस्टर सिस्टम पर आधारित रहला के कारण कॉलेज प्रबंधन के दोबारा पाठ्यक्रम बनावे के कहल गइल बा।