लॉकडाउन में मनरेगा के अंतर्गत सड़क पर माटी भरे के काम भइल शुरु

लॉकडाउन में मनरेगा के अंतर्गत सड़क पर माटी भरे के काम भइल शुरु


भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय,पानापुर(सारण): सरकार से मिलल दिशा-निर्देश आ लॉकडाउन के दौरान विशेष छूट के बीचे प्रखंड के महम्मदपुर पंचायत में मनरेगा के अंतर्गत काम शुरू हो गइल बा।एह क्रम में खजूरी में मनोज सिंह के घर के लगे से धेनुकी बसहिया मुख्य मार्ग तक मिट्टीकरण योजना के शुभारंभ करत स्थानीय पंचायत के मुखिया अनिल कुमार सभ मजदूरन के मास्क आ डिटॉल साबुन उपलब्ध करवले। एकरा संगहीं सोशल डिस्टेंसिंग के पालन करत काम करे के अपील भी कइले। एह मौका पर मीडिया से बात करत मुखिया अनिल कुमार बतवले कि एह काम में ओहू मजदूरन के लगावल गइल बा जे दोसरा प्रदेशन में मजदूरी करत रहले हं, आ लॉकडाउन के कारण घरे खलीहा बइठल बाडें। मुखिया कहले कि मनरेगा के अंतर्गत काम करे के इच्छुक अइसन सभ मजदूरन के बहुत जल्दी जॉब कार्ड बनवावल जाई आ मजदूरी के भुगतान भी जल्दीए करावल जाई। एह मौका पर पीआरएस सुरेश राय भी उपस्थित रहले। ओहिजा आर्थिक तंगी से जूझ रहल मजदूरन में एह काम के शुरू होखला से बहुत खुशी लउकता।

Related posts

Leave a Comment

three × two =