लॉकडाउन के दौरान गरीबन खातिर मसीहा बनल मिर्जापुर पुलिस

लॉकडाउन के दौरान गरीबन खातिर मसीहा बनल मिर्जापुर पुलिस

गरीबन के बीच खाए के सामान बांटत कोतवाली कटरा थाना केप्रभारी रमेश यादव आ वरिष्ठ उपनिरीक्षक चंद्रशेखर यादव

 

 

गरीबन के बीच खाए के सामान बांटत कोतवाली कटरा थाना केप्रभारी रमेश यादव आ वरिष्ठ उपनिरीक्षक चंद्रशेखर यादव

भोजपुरी समय,नितिन अवस्थी,मिर्जापुरः देश भर में जहां कोरोना वायरस के संक्रमण बढ़े से बचाव खातिर बुध के आधा रात से लॉकडाउन लाग गइल बा ओहिजा कइगो लोग अइसन बाड़े जिनका खातिर ई समय कवनो आफत से कम नइखे। आज एह लॉकडाऊन के दोसरके दिन ह। बाकिर कईगो गरीब आ असहाय लोगन खातिर ई दू बरिस जइसन हो गइल बा। अइसने में आज उत्तर प्रदेश के मिर्जापुर के कोतवाली कटरा थाना के प्रभारी रमेश यादव आ वरिष्ठ उपनिरीक्षक चंद्रशेखर यादव आज एगो अइसन काम कइलें हं जवना से जनता के नजर में पुलिस के छवि भगवान से कम ना बनल हऽ। अपना डयूटी के निभावत ई दूनू अधिकारी लोग मिर्जापुर रेलवे इस्टेशन के लगे रहे वाला गरीबन के बीच में खाए-पिए के सामान पहुंचा के आ ओहलोग के दुनू बेरा के खाए के बेवस्था कऽ के आज सही मायना में जनसेवक के फर्ज अदा कइल हऽ लोग। ए समय में जब सभे आपन जरुरत पूरा करे खातिर मलछऽता ओ बेरा ई दुनू पुलिस के जवान रेलवे स्टेशन के लगे रहे वाला गरीबन के बीच में खाए-पिए के सामान चहुंपवले हं आ रात के खाए के बेवस्था भी सुनिश्चित कइलें। जइसहीं गरीब लोग के लगे खाए-पिए के सामान पहुंचल लोग ए दुनू पुलिस वाला के भरि-भरि झोरी आशिर्वाद दिहल।

Related posts

Leave a Comment

8 − three =