मशरख में लॉकडाउन में नियम उल्लंघन कइला पर तीनगो राशन दोकान पर भइल पुलिस करवाई
भोजपुरी समय,धर्मेंद्र पाण्डेय, मशरख(सारण): कोरोना वायरस से संक्रमण के चलते देश भर में 25 मार्च से लागू लॉकडाउन के दौरान जनता के कवनो जरुरी सामान के कमी ना होखे आ कवनो प्रकार के परेशानी ना हो एकर सरकार के द्वारा हर स्तर पर ध्यान राखल जा रहल बा। एही कड़ी में बिहार सराकर के द्वारा मिलल दिशा-निर्देश के आधार पर छपरा जिला प्रशासन के द्वारा पूरा जनपद में जरुरी सामान के सप्लाई करे वाला दोकानन के खोले आ बंद करे के समय निर्धारित कइल गइल बा। जवन कि भओरे छव बजे से ले के सांझी के छव बजे ले बा। बाकिर जइसे कुछ लोग कॉकडाउन के पालन करे में कोताही करऽता वइसहीं कुछ दोकानदार भी एह समय मा के पालन नइखन करत जेकरा कारण पुलिस रोज गश्त कऽ के छापामारी करत एह लोग के विरुद्ध कानुनी कार्रवाई कर रहल बा। अइसने एगो गश्त के दौरान छपरा के मशरख प्रखंड में स्थानीय पुलिस प्रशासन के द्वारा शुक्रवार के सांझ में लॉक डाउन में प्रशासन के द्वारा दोकान खोले आ बंद करे के समय के उल्लंघन कइला के आरोप के तीनगो राशन के दोकानदारन पर कार्रवाई कल गइल। एह मामला के बारे में मशरख थाना प्रभारी बतवलें कि आवश्यक सेवा देवे खातिर प्रशासन के द्वारा भोरे 6 बजे से सांझी के 6 बजे तक ही दोकान के खोले के आदेश बा। बाकि शुक के देर शाम के थाना के गस्ती गाड़ी तीनगो दोकानदारन के समय के उल्लंघन कइला पर कार्रवाई कइले बा। एह दौरान मशरख के शातिवार तीर निवासी दिनेश प्रसाद रस्तोगी के बेटा नितेश प्रसाद, शिवनाथ प्रसाद के बेटा सूरज प्रसाद आ चैनपुर बाजार निवासी पृथ्वीनाथ साह के बेटा मुकेश कुमार पर मामला संख्या-170/20 में धारा188,264,270,271 लगा के प्राथमिकी दर्ज कर के जाँच हो रहल बा।