शहीद दिवस पर लियो क्लब छपरा टाउन शहीदन के परिजन के कइलस सम्मानित

प्रशांत द्विवेदी, समाचार डेस्क, भोजपुरी समय, छपराः अंतरराष्ट्रीय स्वयंसेवी संस्था लायंस क्लब छपरा टाउन के युवा इकाई लियो क्लब छपरा टाउन देश के वीर सैनिकन के श्रद्धांजलि अर्पित करत शहीद दिवस पर आयोजित कार्यक्रम में सारण जिला के लाल संतोष कुमार के प्रतिमा पर माल्यार्पण कइलस। एकरा अलावा क्लब के सदस्य लोग शहीद के पैतृक गांव रिविलगंज जाके शहीद संतोष कुमार के परिजन पिता त्रिभुवन प्रसाद के शॉल आ स्मृति पत्र देके सम्मानितो कइले। क्लब के सदस्यन के द्वारा शहीद मुन्ना कुमार यादव आ शंभु कुमार यादव के परिजनो के सम्मानित कइल गइल।

एह मौका पर लायन कुंवर जयसवाल कहलें कि “सैनिक देश के सीमा पर पूरा भारतवासियन के रक्षा खातिर डटल रहेले। देश के सुरक्षा करे के दौरान ऊ शहीदो हो जाले। एगो देशवासी के तौर पर आम नागरिको के ई कर्तव्य बनेला कि ऊ एह मौके पर ओह शहीदन के परिवार से मिलके उनका साथे खाड़ होखस, जवना से किएह शहीदन के परिजन के मनोबल बनल रहे। एह मौका पर संस्थापक अध्यक्ष कुंवर जयसवाल, अध्यक्ष विकास कुमार, सचिव अभिषेक गुप्ता, संदीप कुमार, प्रशांत द्विवेदी, कार्यक्रम चेयरपर्सन शुभम मिश्रा, मोहम्मद सलमान, लायन संतोष साह, शुभम पांडे, सौरभ राज, अली अहमद आदि उपस्थित रहले।

Related posts

Leave a Comment

one × three =