कर्पूरी ठाकुर समाज संघ बाल कटाई आ जन-कल्याण नाई ट्रेड के भइल बइठक

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,(मशरख) छपराः मशरक प्रखंड क्षेत्र के चंदेश्वर मोड़ पर कर्पूरी ठाकुर समाज संघ आ जन कल्याण नाई ट्रेड यूनियन प्रखंडस्तरीय बइठक के आयोजन भइल। एह बइठक में मशरख प्रखंड समेत अगल-बगल के पड़ोसी प्रखंड के नाई ट्रेड के लोग भी शामिल भइल। एह बइठक में एक सुर से संघ के मजबूती खातिर शपथ लिहल गइल। ओहिजा नाई ट्रेड से जुड़ल समस्या पर गंभीरता से विचार कइल गइल। समाज के कल्याण खातिर बाल कटाई समेत आ सभ काम के दर बढ़ावे आ समाज के तरक्की खातिर विशेष विचार कइल गइल। एह मौका पर संजय ठाकुर, असर्फी ठाकुर, हरे कृष्ण ठाकुर, मनोज ठाकुर, सोनू, मोनू के अलावा दर्जनों लोग उपस्थित रहल।

Related posts

Leave a Comment

two × 2 =