मध्यप्रदेश: बागी विधायकन के इस्तीफा मंजूर, कमलनाथ के मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा

कमलनाथ

कमलनाथभोपाल

सुप्रीम कोर्ट के 20 मार्च के 5 बजे ले बहुमत सिद्ध करे के आदेश के पहिलहीं आज दुपहरिया में कमलनाथ सरकार इस्तीफा दे ले बिया। मुख्यमंत्री कमलनाथ आज मध्यप्रदेश राज्यपाल लालजी टंडन के आपन इस्तीफा दे दिहलहन।

कमलनाथा सरकार के इस्तीफा देबे के पहिले मध्यप्रदेश विधानसभा अध्यक्ष एन पी प्रजापति बंजरपन बागी विधायकन के इस्तीफा मंजूर कऽ लिहलनऽ। एकेरा बादे साफ हो गइल रहल हऽ कमलनाथ अपनी पद से इस्तीफा दे दिहें।

मालूम होखे के चाहीं कि 16 मार्च के मध्य प्रदेश विधानसभा अध्यक्ष राज्यपाल के भाषण के तुरन्त बाद कोरोना वायरस के बढ़त प्रकोप के हवाला देत विधानसभा 26 मार्च ले स्थगित कऽ दिहलें रहलन हँ। ओकरा बाद मध्य प्रदेश राज्यपाल के भाजपा के अपील कइला के बाद राज्य विधानसभा अध्यक्ष के बहुमत परीक्षण करावे के आदेश देले रहलन बाकिर विधानसभा अध्यक्ष राज्यपाल के चिट्टी पऽ कान ना दिहलन तऽ भाजपा एह ममिला के ले के सुप्रीम कोर्ट पहुँचल रहलि हऽ।

Related posts

Leave a Comment

7 + eleven =