मध्यप्रदेश में कमलनाथ सरकार अल्पमत में, भाजपा के सरकार संभव

कमलनाथ

कमलनाथनई दिल्ली

आज ज्योतिरादित्य सिंधिया के कॉग्रेस पार्टी से इस्तीफा दिहला के बाद मध्यप्रदेश विधानसभा के कॉग्रेस के बीस गो विधायक इस्तीफा दे दिहलन हँ।

बीस गो विधायकन के इस्तीफा दिहला के बाद कमलनाथ सरकार अब अल्पमत में आ गइल बे। भाजपा अब कबो शक्ति परीक्षण के माँग कऽ सकत बे।

मध्यप्रदेश विधानसभा के कुल्ह 230 विधायक बाड़न। बहुमत के आंकड़ा 116 बा। अभी दू गो विधायकन के मउत हो गइल बा। अउरी बीस गो विधायक इस्तीफा दे देले बाड़न सऽ। एसे वर्तमान में बहुमत के आंकड़ा 105 हो गइल बा।

वर्तमान में भाजपा के अकेले 107 विधायक बाड़े। एसे एह हालत में भाजपा के मध्यप्रदेश में सरकार बनावल आसान हो गइल बा।

बीस गो कॉग्रेस विधायकन के इस्तीफा के बाद अब विधानसभा में भाजपा के 107 गो विधायक, कॉग्रेस के 94 गो विधायक 4 गो निर्दलीय, 2 गो बसपा अउरी एगो सपा के विधायक रहि गइल बाड़े।

Related posts

Leave a Comment

one + 6 =