कालाबाजारी करे वालन पर भइल छापामारी

 कालाबाजारी करे वालन पर भइल छापामारी

भोजपुरी समय, ध्रमेंद्र पांडेय, मशरख(सारण): कोरोनी वायरस से फइलल महामारी से बचाव खातिर बुधवार के रात 12 बजे से पूरपा देश में लॉकडाउन के घोषणा के बाद जहां-तहां जरुरी सामान के कालाबाजारी के संभावना के देखत आज सबेरहीं छपरा के  मशरक थाना के सीओ ललित कुमार सिंह आ बिहार सराकर के मार्केटिंग अधिकारी अमरेन्द्र कुमार सिंह मशरख में कालाबाजारी करे वाला दोकानदारन पर कार्रवाई कइलें। एह दौरान मशरख सब्जीमंडी में दलबल के संगे ई दूनू अधिकारी छापामारी कइलें। एह दौरान मशऱख में आलू पियाज के थोक व्रिकेता शंभू प्रसाद छापामारी के डर से आपन दोकान बंद क屧ऽ के भाग गइले। ओहिजा प्रशासन के कहनाम बा कि एह समय में कालाबाजारी करे वाला लोगन पर प्रशासन का डंटा चली आ सख्त से सख्त कार्रवाई होखी।

Related posts

Leave a Comment

20 − 4 =