कालाबाजारी करे वालन पर कोपा में चलल प्रशासन के डंटा

कालाबाजारी करे वालन पर कोपा में चलल प्रशासन के डंटा

भोजपुरी समय,पत्थल सिंह, जलालपुर(सारण): कोरोना वायरस से बचाव खातिर देश भर में लागू भइल 21 दिन के लॉकडाउन के दौरान मुनाफाखोर आ कालाबाजारी करे वाला लोग के जइसे जनता के लूटे के सुनहरा मौका मिल गइल होखे। लेकिन जनता के सजगता आ प्रशासन के फुर्ती के कारण बिहार के छपरा जिला के कोपा बाजार में आज अइसन होखे से बांच गइल। प्राप्त खबर के मोताबिक कोपा थानाध्यक्ष शिवनाथ राम के शिकाइत मिलल कि कोपा बाजार में कुछ लोग जमाखोरी कऽ के जनता के लूट रहल बाड़ें। शिकाइत में उहां के कुछ ग्रामीण लोग बतावल कि जमाखोरी करे वाला लोग आलू ₹30/प्रति किलो आ पियाज ₹40/प्रति किलो के भाव से बेच रहल बाड़ें। जेकरा बाद कोपा थानाध्यक्ष शिवनाथ राम आ जलालपुर अंचलाधिकारी अरविंद कुमार बाजार में पहुंचके जमाखोरन के खिलाफ कार्रवाई कइल लोग। एकरा अलावा बाजार के बाकी व्यवसायियन के भी सरकार के गाइडलाइन के मोताबिक ही खाद्य सामग्री बेचे के हिदायत दिहल लोग।

Related posts

Leave a Comment

8 − 6 =