सोनिया गाँधी के लिखल चिट्ठी में छलकल ज्योतिरादित्य सिंधिया के दर्द

नई दिल्ली

आज सबेरे ज्योतिरादित्य सिंधिया प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से उनकरी आवास पऽ मुलाकात कइलन हँ। एह मुलाकात के बाद ई स्पष्ट हो गइल हऽ कि ज्योतिरादित्य के कॉग्रेस पार्टी के विदाई देबे के समय आ गइल बा।

प्रधानमंत्री से मुलाकात कऽ के वापस अइला के बाद ज्योतिरादित्य कॉग्रेस अध्यक्ष सोनिया गाँधी के चिट्ठी लिखि के आपन दर्द बतावत पार्टी से इस्तीफा दे दिहलन हँ।

सोनिया गाँधी के लिखल अपनी चिट्ठी के आपन दर्द साझा करत लिखले बाड़ें “आप जानती हैं कि पिछले एक साल से मैं इस चीज से बच रहा था लेकिन अब मैं कांग्रेस में और नहीं रह सकता।”

ज्योतिरादित्य सिंधिया मध्य प्रदेश में कमलनाथ सरकार बनला के बाद से नाराज बतावल जात रहलन हँ। सिंधिया समर्थक आरोप लगावत रहलन हँ कि उनकरी सर्थकन के काम एह सरकार में नइखे होत।

Related posts

Leave a Comment

3 × 5 =