अखण्ड अष्टयाम के संगे शुरू भइल “जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया” परिवार के “साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव-3”

शशि प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमहीं मिश्र गोपालगंज: हरे राम हरे कृष्ण के नाम धुन के मधुर संगीत से सजल अखण्ड अष्टयाम के संगे भोजपुरी खातिर समर्पित संस्था जय भोजपुरी- जय भोजपुरिया के तीसरका सालाना “साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव-3” के एतवार के शुरुआत हो गइल। एह मौका पर संस्था के उपाध्यक्ष सुभाष पाण्डेय भोजपुरी समय से बतवनी कि संस्था जय भोजपुरी जय भोजपुरिया के अध्यक्ष सतीश त्रिपाठी हर बरिस छठ के बाद अष्टयाम कराइले। एही कड़ी में पछिला तीन बरिस से संस्था के सालाना महोत्सव के आयोजन भी अष्टयाम के पूर्णाहुति के दिने आयोजित कइल जा रहल बा। आगे बतलावत  कहनी कि एह भोजपुरी महोत्सव में हर बरिस के जइसन एहू बरिस तारीख 23-11-2020, दिन- सोमार के होखेवाला “जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया” परिवार के “साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव-3″के कार्यक्रम दू सत्र में होखी जवना में पहिलआ सत्र में दीया जरवला के बाद भोजपुरी के प्रसिद्ध साहित्यकार आ महान विभूति स्वर्गीय राधा मोहन चौबे जी के नाम पर “अंजन सम्मान”- डा. अशोक द्विवेदी के समर्पित कइल जाई ओही जा “जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया” परिवार के पूर्व में कइल काम, कइल जा रहल काम आ भविष्य में करेवाला कामन का बारे में बतलावल जाई। एकरा बाद कवि सम्मेलन के आयोजन होई जवना में देश विदेश में भोजपुरी आ हिंदी के प्रसिद्ध कवि के संगे संगे परिवार के नवांकुर कवि कवियत्री प्रसिद्ध कवि, मंच संचालक, शायर संजय मिश्र संजय के संचालन में आपन भोजपुरी कविता के पाठ करीहें। एकरा बाद दूसरका सत्र में कलाकार लोग के सम्मान के बाद “तिस्ता सम्मान” से सुश्री रजनी शाक्या (अनाइथ, नवादा, आरा) के पुुुुुुुरस्कृत कइल जाई। सुश्री शाक्यआ के ई पुरस्कार प्रदाता आ प्रशस्ति पत्र वाचन- वरिष्ठतम लोकगायक उदय नारायण सिंह रहेब। एकरा बाद स्थानीय महिलाशक्ति द्वारा पारम्परिक शिव भजन “गाइ के गोबरे महादेव” के समवेत स्वर में गायन के संगे भोजपुरी गीत गवनई के कार्यक्रम होखी।

एह मौका पर संस्था के अध्यक्ष सतीश कुमार त्रिपाठी के संगे संगे उपाध्यक्ष सुभाष पाण्डेय, ज्वाला सिंह, केशव तिवारी उर्फ चुन्नु बाबा, भावेश अंजन, नरसिंह तिवारी, शिवाजी तिवारी, विनोद गुप्ता, मुन्ना मिश्रा, मोहन मिश्रा, सुरेन्द्र सिंह, अरविंद श्रीवास्तव,दिवाकर उपाध्याय, रविशंकर तिवारी बिट्टू, संजीव त्यागी,  राम प्रकाश तिवारी बिमलेंदु भुषण पाण्डेय, मिथिलेश कुमार साह गुड्डू, बृजेश मिश्रा आदि मौजूद रहल लोग।

Related posts

Leave a Comment

20 − 14 =