जनता के संगे सरपंच प्रतिनिधि कोरोना वायरस आ लॉकडाउन के लेके कइले बइठक

जनता के संगे सरपंच प्रतिनिधि कोरोना वायरस आ लॉकडाउन के लेके कइले बइठक

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,मशरख (सारण): बिहार के सारण प्रमंडल के छपरा जिला के मशरख प्रखण्ड क्षेत्र के कवलपुरा पंचायत के सरपंच प्रतिनिधि संतोष कुमार यादव आज राज्य सरकार के आदेश पर अपना पंचायत के सभ वार्ड में जा के वार्ड सदस्य, पंचायत सदस्य, आशाकर्मी आ आम जनता से   कोरोना से बचाव खातिर हाथ जोड़ के निहोरा कइले। अपना निहोरा में ऊ लोग से कहले कि रउरा सभे अपना घर में ही रहीं,  विशेष जरूरत पड़ला पर ही घर से निकलीं।  एकरा अलावा बाहर से आवे वाला लोगन के बारे में भी जानकारी देवे आ ओह लोग के जांच करवावे खातिर जनता के जागरुक करत संतोष यादव कहलें कि जदि हमनी के गांव-जवार में केहू परदेश से घरे आवता त रउआ बिना कवनो संकोच के ओकर जाँच करवाईं, आ ना त अपना क्षेत्र के जनप्रतिनिधि के सूचित करीं। आ अगर रउ लोग के कवनो मदद चाहीं त हमरा के बताईं हम रउरा सभे खातिर हरमेशा तइयार खड़ा बानी। एह मौका पर सरपंच प्रतिनिधि एपना ओर से जनता के बीच में साबुन, आ मास्क के बितरण भी कइलन। एह मौका पर डॉ. शैलेंद्र राय, रंजीत राय,  राजपल्टन तिवारी, रविंद्र सिंह,  राजेश राम, पंचायत के विकासमित्र विक्की राम, मुखिया प्रतिनिधि रंजन यादव सहित क्षेत्र के गणमान्य लोग आ ग्रामीण जनता भी उपस्थित रहल।

Related posts

Leave a Comment

9 + 6 =