जनता के जागरूकता बनवलख ,जनता कर्फ्यू के सफल

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय/मंटू तिवारी, मशरख/जलालपुर (सारण):- कोरोना वायरस से लडाई में पीएम मोदी के एक पुकार पर जहां देश भर में लोग जनता कर्फ्यू के तहत आज अपना अपना घर में रहल आ सांझ के 5 बजे से 5 मिनट खातिर ताली, थाली, आ शंख बजा के कोरोना सेनानीयन के आभार जतवलस हऽ। अइसन में भला बिहार के छपरा के लोग कइसे पिछा रह जाइत। एह क्रम में जनता कर्फ्यू के साथ देवे में सारण के जलालपुर आ मशरख प्रखंड क्षेत्र के जलालपुर चौक, नगरा रोड़,छपरा रोड, भटकेसरी बाजार , स्टेशन रोड, गोला रोड, सिनेमा रोड, मां सिद्धिदात्री चौक ,मशरक थाना रोड,मशरक-मलमलिया-सीवान रोड, मशरक-सितलपुर-पटना रोड का साथे मशरक-छपरा रोड सहित पूरा मशरक आ जलालपुर आउर भटकेशरी बाजार जनता कर्फ्यू के समर्थन में साफ वीरान लउकल हऽ।

जहवां रोजाना सैकड़न गाड़ी आ पैदल यात्रा करे वालन के भीड़ लागल रहत रहल ह, चाहे दोकान होखे भा खेत खरिहान, सड़क मार्ग होखे  भा रेल मार्ग सब खाली-खाली पड़ल रहल हऽ। सब लोग एकसाथ मिलके प्रधानमंत्री द्वारा आवाहित कोरेना जस महामारी के जड़ से खत्म करे खातिर सभे आपन आपन कमर कसला का साथे अपना के सुरक्षित राखे के किरिया लेले बा लो। एकरा साथे  24 घण्टा अपना  घर में ही रह कर के  कोरोना रूपी महामारी आ भा ई कहीं कि एगो राक्षस रूपी एह बेमारी के हरावे खातिर आपन जाती धर्म सब भुला के आ मानवता के चादरा ओढ़ी के अलग अलग सुर, आवाज का बावजूद आज एक सुर में सभे इहे कहत रहल ह कि “हम सब ने मिलकर ठाना है कोरोना को हराना है।” छपरा के जनता के ई जागरूकता सही मायना में जीत का तरफ बढ़ल एगो सफलतापूर्वक कदम ह। हमनी सभे यदि मिलजुल के असहीं सरकार आ प्रशासन के सहयोग करत रहल जाई तब त बहुत जल्दी मानव जीवन के आपन भोजन बनावे वाला एह महामारी पर विजय प्राप्त कइल संभव हो जाई।

Related posts

Leave a Comment

thirteen − five =