जमशेदपुर में पुलिस के मिलल बड़ कामयाबी, 50 हजार के ब्राउन शुगर के संगे दूगो अपराधी गिरफ्तार

जुगसलाई पुलिस ब्राउन शुगर के संगे दूगो अपराधियन के कइलस गिरफ्तार, पुलिस के मौका से मिलल 42 पुड़िया के कीमत 50 हज़ार रुपिया

चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुर झारखंड के जमशेदपुर के जुगसलाई थाना क्षेत्र में पुलिस के एगो बड़ कामयाबी मिलल। दरअसल सूत्रन से मिलल गुप्त जानकारी के आधार पर पुलिस दूगो नशीला पदार्थन के व्यापार करे वाला शआतिर अपराधियन के पकड़े में कामयाब भइल। पुलिस के मोताबिक मंगर के जुगसलाई थाना पुलिस इलाका के गरीब नवाज कॉलोनी से मो. एहसान आ मो. विक्की के भारी मात्रा में ब्राउन शुगर के संगे हिरासत में लिहलस। पुलिस के एह लोगन के लगे से करीब 42गो पुड़िया ब्राउन शुगर बरामद भइल बा। पुलिस के मोताबिक बाज़ार में एकर कीमत 50 से 60 हज़ार रुपिया बा।

गुप्त सुचना के आधार पर पुलिस कइलस कार्रवाई

बुधवार के एह मामला के बारे में इहंवा के डीएसपी (विधि व्यवस्था) आलोक रंजन संवाददाता सम्मेलन में बतवलें कि पुलिस के बहुत दिन से सूचना मिलत रहल हऽ कि जुगसलाई के गरीब नवाज़ कॉलोनी में मो. एहसान ब्राउन शुगर के धंधा करेला। एही सूचना के आधार पर जुगसलाई थाना प्रभारी नित्यानंद महतो के नेतृत्व में एगो टीम के गठन कइल गइल। ई टीम गरीब नवाज़ कॉलोनी से मोहम्मद एहसान के पकड़लस। ओकरा बाद पुलिस एहसान के निशानदेही में मो. विक्की के भी पकड़लस। पुलिस के  पूछताछ में एहसान बतवलस कि ऊ आदित्यपुर के डॉली से ब्राउन शुगर खरीद के लेआवत रहल हऽ। डीएसपी ईहो बतवलन कि एह मामला में पुलिस दुनू अपराधियन के बुध के दिने न्यायिक हिरासत में भेज दिहले बा।

टैगः

Related posts

Leave a Comment

five × 5 =