जमशेदपुर में लागल सीसीटीवीयन के होखी मैपिंग, अपराधियन के पकड़े में होखी आसानी

एसएसपी अनूप बिरथरे बइठक में मौजूद सभे थानेदारन के निर्देश देत

चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरः जमशेदपुर के पुलिस आपन तकनीकी दक्षता के बढ़ावे खातिर अब अब प्राइवेट सीसीटीवी के मैपिंग करे के शुरुआत करे जा रहल बिया। बुधवार के बिष्टुपुर थाना परिसर स्थित सभागार में एसएसपी एह प्रोजेक्ट के शुरुआत कइलें। पुलिस विभआग एह प्रोजेक्ट के  ”त्रयंबकम प्रोजेक्ट” नांल धइले बा। एह बइठक में जमशेदपुर पुलिस के सभे आला अधिकारिये के संगे-संगे सभ थाना के थानेदार आउर अन्य पुलिसकर्मी मौजूद मौजूद रहलें।

एह दौरान एसएसपी अनूप बिरथरे मौजूद सभे थानेदारन के निर्देश देत कहलें कि ऊ लोग अपना-अपना क्षेत्र में लागल प्राइवेट सीसीटीवी कैमरन के मैपिंग करावस, जवना से आवे वाला समय में अपराधियन के पकड़े में आसानी होखी। एसएसपी कहलें कि जिला प्रशासन के ओर लगावल गइल कैमरन के अलावा पुलिस के अपराधियन के पकड़े खातिर घटनास्थल के अगल बगल के सीसीटीवी कैमरन के खोजे के पड़ेला। जदि कैमरन के मैपिंग हो जाओ त  पुलिस के एह बात के जानकारी रही की घटनास्थल के सबसे नियरा कवन कैमरा लागल बा। बइठक में एसएसपी अनूप बिरथरे सभे सीनियर अधिकारियन के ट्रेनिंग लेवे आ अपना से जूनियर पुलिसकर्मियन के भी एह बारे में जानकारी देवे के निर्देश दिहले। गौरतलब बा कि फिलहाल पुलिस जिला प्रशासन द्वारा जमशेदपुर में लगावल गइल 170 कैमरन के मदद से अपराधियन के पहिचाने के काम करत रहल हियऽ। बाकिर अब ”त्रयंबकम प्रोजेक्ट” से कैमरन के संख्या में इजाफा होखे से अपराधियन के जल्द से जल्द पकड़ल जा सकी।

एसएसपी अनूप बिरथरे

Related posts

Leave a Comment

20 − one =