भिखारी ठाकुर सम्मान से नवाजल गइले सोहईं के लाल जय प्रकाश गिरी

मंच पर भिखारी ठाकुर सम्मान से विधायक सुरेंद्र राम, भिखारी ठाकुर जयंती समारोह आयोजन समिति के अध्यक्ष लल्लन यादव के हाथे सम्मानित होत अभिनेता जय प्रकाश गिरी

राम प्रकाश तिवारी,भोजपुरी समय, सोहईं, सारणः भोजपुरी के शेक्सपियर के नाम से विश्वविख्यात प्रसिद्ध भोजपुरिया नाटककार आ लोक कलाकार स्वर्गीय भिखारी ठाकुर के 133 वां जयंती देश विदेश के संगे संगे भिखारी ठाकुर के पैतृक गांव कुतुबपुर में बहुते धूमधाम से मनावल गइल। एही क्रम में कुतुबपुर में आयोजित एगो समारोह में गड़खा से विधायक सुरेंद्र राम, भिखारी ठाकुर जयंती समारोह आयोजन समिति के अध्यक्ष लल्लन यादव के द्वारा भोजपुरी फिल्मन के उभरत आ स्थापित लोककलाकारन के भिखारी ठाकुर सम्मान से सम्मानित कइल गइल। बता दीं कि एह क्रम में भोजपुरी सिनेमा के कलाकार जय प्रकाश गिरी के भिखारी ठाकुर सम्मान मिलल। बता दीं कि जय प्रकाश गिरी सारण जिला के सोहईं गांव के निवासी बाड़न। इनका अभिनय के सवख लइकाईं से ही बा, आ गांव के लोग के मोताबिक जय प्रकाश गिरी गांव में होखे वाला दुर्गा पुजा में अपना साथी लोग के संगे हर बरिस नाटक कइला के अलावा दुगोला आ एकल गायनो करेले। एकरा अलावा ई भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के कइगो प्रसिद्ध कलाकार लोग के संगे सिनेमा में सहायक अभिनेता के रुप में अपना अभिनय के जलवा देखा चुकल बाडे। एह पुरस्कार से गांव के लइका के सम्मानित भइला पर सोहईं गांव के लोग में बहुते खुशी बा आ सभे जय प्रकाश गिरी के एह उपलब्धि खातिर मुक्तकंठ से प्रशंसा कर रहल बा। एह जयंती समारोह में विधायक सुरेंद्र राम, भिखारी ठाकुर जयंती समारोह आयोजन समिति के अध्यक्ष लल्लन यादव, भोजपुरी फिल्म कलाकार सहदेव साथी आदि गणमान्य व्यक्ति उपस्थित रहले। टीम भोजपुरी समय जय प्रकाश गिरी के एह उपलब्धि खातिर बहुत बहुत बधाई दे रहल बा।

Related posts

Leave a Comment

3 × four =