जगतिया के 10 विकेट से हरा नवलपुर कइलस शानदार आगाज

भोजपुरी समय, दाउदपुर: छपरा के जैतपुर क्रिकेट एसोसिएशन के ओर से नंदलाल सिंह कॉलेज मैदान में बियफे के क्रिकेट टूर्नामेंट के उद्घाटन मैच में नवलपुर के टीम जगतिया के 10 विकेट से हराके टूर्नामेंट के शानदार आगाज कइलस। एह टूर्नामेंट में कुल आठगो टीम भाग ले रहल बाड़ी सं।

एकरा से पहिले जगतिया टीम टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करत निर्धारित 12 ओवर में कुल 98 रन बनवलस। एकरा जवाब में खेले उतरल नवलपुर के टीम महज 5.1 ओवर में ही लक्ष्य के हासिल कर लिहलस। सलामी बल्लेबाज विशाल तीन ओवर में ही चउका-छक्का के तुफानी पारी में 72 रन बना के टीम के जीत में अहम भूमिका निभवले। एह तुफानी पारी खातिर विशाल के मैन ऑफ द मैच के पुरस्कार मिलल। ओहिजा जगतियां के ओर से लगातार तीनगो छक्का लगावे वाला खेलाड़ी के समाजसेवी अभिषेक प्रताप सिंह नगद इनाम देके सम्मानित कइले।

टूर्नामेंट के उद्घाटन करत पूर्व मुखिया जयप्रकाश साह आ दाउदपुर थाना के थानाध्यक्ष सुजीत कुमार चौधरी

ओहिजा एह टूर्नामेंट के उद्घाटन पूर्व मुखिया जयप्रकाश साह आ दाउदपुर थाना के थानाध्यक्ष सुजीत कुमार चौधरी संयुक्त रूप से कइलें। एह मौका पर दूनु वक्ता कहल लो कि खेल से सामाजिक सद्भाव के भी बढ़ावा मिलेला। एकरा अलावा कोरोना जइसन महामारी के रोक-थाम खातिर भी युवा वर्ग से मिलके जागरूकता अभियान चलावे के अपील कइलस लो। एह मौका पर पुलिस अधिकारी बली लोहरा, राजू रूद्र यादव, कन्हैया यादव, अजय राय, अरमान खां, भूषण सिंह, मनीष पांडेय मिटू, अजीत राय, प्रिस पाण्डेय, अर्पित राज गोलु, विवेक विजय आदि मौजूद रहले।

 45,339 total views,  177 views today

Related posts

Leave a Comment