जग-भोजपुरिया परिवार मनवलस होली मिलन समारोह

भोजपुरी समय, छपरा:  फागुन के महिना में जब सगरो रंग बरिसता त अइसन में छपरा के लोग कइसे पाछा रह सकता। आज एही क्रम में छपरा के एकमा में जग-भोजपुरिया परिवार के तत्वावधान में होली मिलन समारोह खूबे हर्षोल्लास के साथे मनावल गइल ह। एह कार्यक्रम में जग भोजपुरिया के सभ सवांगी लोग जुटल रहल हऽ। बाबा महेन्द्रानाथ के गोहरा के भोजपुरी भाषा के विकास खातिर सभे सवांगी एक सुर में हामी भरल हऽ। एकरा संगे संगे एह कार्यक्रम में हिंदी आ भोजपुरी के प्रख्यात कवि लोग अपना अपना भोजपुरी कविता आ गीतन से फागुन के रंग बरिसावत उपस्थित सभे श्रोता के मस्ती में झूम उठे पर मजबुर कर दिहल हऽ लोग। कार्यक्रम में जग-भोजपुरिया के सवांगी में से मंजीत तिवारी, नरेंद्र प्रताप मिश्रा, अरविंद श्रीवास्तव, हरेंद्र तिवारी, प्रो० अवधबिहारी मिश्रा, दीपक राम, दिवाकर उपाध्याय, गायक रमेश सजल, राजू महाराज, तेजप्रताप पांण्डेय, बिजेंद्र तिवारी, निर्भय ‘नीर’, शंकर राम, उमेश पाण्डेय, गायक शैलेश समदर्शी, अनुरूद्ध सिंह, आ अउरी गणमान्य लोग उपस्थित रहनी हऽ। सभे एक दोसरा के अबीर गुलाल लगा के होली मिलन समारोह मनवले हऽ।

Related posts

Leave a Comment

twenty − 12 =