टीम इंडिया के न्यूजीलैण्ड के खिलाफ टी-20 में 2-0 बढ़त

ऑकलैण्ड

लोकेश राहुल के धुँआधार अर्द्धशतक (57) के सहजोग से टीम इंडिया न्यूजीलैण्ड  के खिलाफ पाँच टी-20 सीरिज में 2-0 बढ़त बना ले ले बे। न्यूजीलैण्ड पहिले बल्लेबाजी करत करती ओवर में मेंड विकेट पऽ 132 रन बनवलस। 132 रन पीछा करत टीम इंडिया 17.3 ओवर में 3 विकेट पर 135 बना के जीत हाशिल कइलस।

मैन ऑफ़ द मैच लोकेश नाबाद रहत 57 रन बनवलन तऽ अय्यर 44 रन के जोगदान कइलन। राहुल अय्यर के जोड़ी 86 रन जोड़े में कामयाब रहुए। शिवम दूबे नाबाद (8) विजयी छक्का लगवलें।

हालाँकि टीम इंडिया के शुरूआत बढ़िया ना रहुए। कप्तान विराट कोहली खाली 11 रन बना पउवन तऽ रोहित शर्मा 8 रन बना के आउट हो गउन।

न्यूजीलैंड की ओर से टिम साउदी 3.3 ओवर में 20 रन दे के 2 विकेट तऽ ईश सोढ़ी 4 ओवर में 33 रन दे के 1 विकेट लिहुवे लो।

Related posts

Leave a Comment

3 × 1 =