ब्रिस्बेन के गाबा मैदान में टीम इण्डिया जबरजस्त खेल के प्रदर्शन करत इतिहास रचि देले बे। भारतीय क्रिकेट टीमअजिंक्य रहाणे के कप्तानी में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ 2-1 टेस्ट सीरीज जीत लेले बा। भारत लगातार दूसरी बेर टेस्ट सीरीज में ऑस्ट्रेलिया के ऑस्ट्रेलिया में हरवले बा।
ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ अन्तिम आ चौथा मैच के पाँचवा दिने टीम इण्डिया मजबूती से खेलत 3 विकेट से मैच जीतलस।ॠषभ पंत के बिना ऑउट भइले 89 रन बनवला खाती मैन ऑफ द मैच अउरी ऑस्ट्रेलिया के पैट कम्मिन्स के मैन ऑफ द सीरीज के पुरस्कार मिलला।
भारत पहिला पारी में ऑस्ट्रेलिया के 369 रन के खिलाफ 336 रन बन के 33 रन से पिछड़ गइल रहे। बाकिर टीम इण्डिया ऑस्ट्रेलिया के दूसरी पारी में 294 पऽ ऑउट कऽ खेल में वापसी कइलस। ऑस्ट्रेलिया भारत के दूसरी में 328 रन के टारगेट देले रहल हऽ।
CHAMPIONS #TeamIndia pic.twitter.com/hintWt3MEe
— BCCI (@BCCI) January 19, 2021