ब्रिस्बेन के गाबा मैदान में टीम इण्डिया जबरजस्त खेले के प्रदर्शन करत इतिहास रचे के मोहाना पऽ खड़ा बे।
ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ अन्तिम आ चौथा मैच के पाँचवा दिने टीम इण्डिया मजबूती से खेल रहल बे। 75 ओवर में तीन विकेट गवाँ के भारत अबले 218 रन बना ले ले बा। भारत के जीते खाती अब 112 रन अउरी बनावे के बा। चेतेश्वर पुजारा 52 रन अउरी ऋषभ पंत 32 रन बना के खेल रहल बाड़े।
भारत पहिला पारी में ऑस्ट्रेलिया के 369 रन के खिलाफ 336 रन बन के 33 रन से पिछड़ गइल रहे। बाकिर टीम इण्डिया ऑस्ट्रेलिया के दूसरी पारी में 294 पऽ ऑउट कऽ खेल में वापसी कइलस। ऑस्ट्रेलिया भारत के दूसरी में 328 रन के टारगेट देले रहल हऽ।
That will be Tea on Day 5 of the final Test.
India need 145 runs to win.
Predictions? 🤔🤔
Scorecard – https://t.co/gs3dZfTNNo #AUSvIND pic.twitter.com/YguV7fBFJH
— BCCI (@BCCI) January 19, 2021