इंसानियत जिंदाबाद आ रोटी बैंक छपरा में बंटलस प्यार वाला रोटी

भोजपुरी समय, शैलेन्द्र कुमार साधु, छपरा (बिहार):- बिहार के छपरा जिला के जलालपुर प्रखंड के चर्चित सामाजिक संस्था इंसानियत जिन्दाबाद छपरा शहर में ऑल इंडिया रोटी बैंक छपरा के सदस्य लोग के संगे घूम-घूम के अलग-अलग चउक चौराहा पर गरीब आ भुखाइल लोग में भोजन के वितरण कइले। अइसे त ऑल इंडिया रोटी बैंक छपरा के सब सदस्य लोग रोज रात में घूम-घूम के भोजन खियावेले,  छपरा शहर के हर चउक-चउराहा, छपरा शहर के अलग-अलग आश्रय स्थलन के संगे-संगे छपरा जंक्शन आदि सगरो जगहा निस्वार्थ सेवा करेले। बाकि काल्ह ई काम में टीम इंसानियत जिंंदाबाद के सदस्य लोग उपस्थित रोटी बैंक छपरा के अध्यक्ष रविशंकर उपाध्याय, संजीव चौधरी ,राकेश रंजन, पिंटू के संगे लागल। एह मौका पर इंसानियत जिन्दाबाद से रामनाथ मिश्र,दिग्विजय पाण्डेय,विवेकानन्द बाबा, विजय पाण्डेय,सुमन बाबा, राधेश्याम गुप्ता अमन बाबू ,कुशल कुश, विकास, दिनेश बिहारी बाबा, जितेन्द्र मिश्र शिक्षक सहित कइगो लोग शिरकत कइले।

Related posts

Leave a Comment

twelve + twelve =