सम्हत जरा के दुनिया से दुख बलाए मेटावे के कइल लोग कामना

भोजपुरी समय, दिल्ली: फागुन के पूर्णिमा पूर्वांचल सहित पूरा देश में सम्हत जरा के फगुआ के औपचारिक शुरुआत हो गइल। एकरा संगे दुनिया में अमन चैन आ सुख शांति आवे के कामना भी लोग कइलें।

सम्हत जरवला पर से फगुआ गाके भइल होरी के शुरुआत

भारत के परब तीज के देश कहल जाला‌। इहंवा हर मौसम आ महिना के अलग-अलग परब बा। एही में एगो परब हऽ फगुआ। आ एह परब के शुरुआत अइसे त बसंत पंचमी के दिन से ही हो जाला। बाकी असली शुरुआत सम्हत के जरवला के संगे होला। एही क्रम में आज देश भर में सम्हत जरा के लोग फगुआ आ होरी गा के फागुन के बिदाई आ चइत के सुवागत करे के काम कइलस हऽ। एकरा संगहीं लोग देश आ दुनिया में सुख, शांति आ सद्भावना के कामना भी कइल लोग।

Related posts

Leave a Comment

ten − three =