नई दिल्ली
दिल्ली से सटल गुरुग्राम में पेटीएम कर्मचारी के कोरोना से संक्रमित होखे सूचना सांच पाव गइल बा। खबर बा कि ई कर्मचारी कुछ दिन पहिले इटली से छुट्टी मना के लउटल रहल हऽ।
ई दिल्ली एनसीआर के दूसरा ममिला हऽ जेवना में कोरोना वायरस के संक्रमण भइल बा। एह खबर के बाद दिल्ली एनसीआर में डर के माहौल बनि गइल बा।
Advisory from @HRDMinistry for schools regarding #covid19.#CoronavirusOutbreak #HealthForAll#SwasthaBharat pic.twitter.com/UtzXMVcstf
— Ministry of Health (@MoHFW_INDIA) March 4, 2020
लोगन में डर के माहौल के देखत केन्द्र सरकार लोगन के हाइजीन बरते खाती एडवाइजरी जारी कइले बे। केन्द्र सरकार कोरोना वायरस से संबन्धित सूचना देबे खाती एगो हेल्पलाइन फोन नं अउरी ईमेल जारी कइले बे।
- कोरोना खाती हेल्पलाइन नं: +91-11-23978046
- कोरोना खाती हेल्पलाइन ईमेल आईडी: ncov2019[at]gmail[dot]com