यूपी में नामित पार्षदन के नांव के भइल ऐलान, गाजियाबाद में पूर्वांचल के बेटी के भी मिलल स्थान

यूपी में नामित पार्षदन के नांव के भइल ऐलान, गाजियाबाद में पूर्वांचल के बेटी के भी मिलल स्थान

उत्तर प्रदेश के नगर विकास मंत्री के फेसबुक पर नामित पार्षदन के बधाई देत पोस्ट के स्क्रीनशॉट

शशि प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, गाजियाबादः उत्तर प्रदेश सरकार के द्वारा आज प्रदेश भर के सोरहो नगर निगमन में 160 पार्षदन के नामित कर दिहलस।एह बात के जानकारी प्रदेश के नगर विकास मंत्री श्री आशुतोष टंडन(गोपाल जी) कुदे सोशल मीडिया के माध्यम से दिहलें। अपना संदेश में ऊ इहो कहलें कि एह पार्षद लोगन के नामित भइला से नगर निगमन के प्रजातांत्रिक स्वरूप अपेक्षाकृत आउर अधिका मजबूत होखी । एही क्रम में गाजियाबाद के शास्त्री नगर में रहे वाली आ बिहार के सारण के बेटी आ गाजियाबाद में बीजेपी के सक्रिय नेत्री अर्चना सिंह के भी गाजियाबाद नगर निगम में नामित पार्षद के रुप में चुनाव भइल बा। एह बात के जानकारी जइसहीं अर्चना सिंह के समर्थकन आ प्रश्सकन के लागल ऊ लोग सोशल मीडिया से लेके व्यक्तिगत तौर पर उनकरा के बधाई देवे लगले। ओहिजा भोजपुरी समय के संगे अपना बातचीत में श्रीमती सिंह कहली कि ई सभ हमरा पूर्वांचल आ बिहार के भाई-बिहन के बेशुमार पेयार आ समर्थन के परिणाम हऽ जे आज पूर्वांचल के एगो बेटी के गाजियाबाद के नगर निगम में नामित पार्षद के रुप में अस्थान मिलल बा। ऊ आगे कहलीं कि पूर्वांचल के लोगन के हक आ सम्मान खातिर उनकर लड़ाई हरमेशा जारी रही, आ पूर्वांचल एवं बिहार के लोग चाहे ऊ जनपद के कवनो कालोनी के निवासी होखस के हर तरे के मदद करे खातिर ऊ हमेशा उपलब्ध रहीहें। एकरा अलावे अर्चना सिंह कहलीं कि ऊ बीजेपी के जिला के सभे वरिष्ठ पदाधिकारी आ मेयर साहिबा के संगे-संगे प्रदेश के पार्टी नेतृत्व के भी आभारी बाड़ी कि ई सभ लोग उनका पर भरोसा जतावल आ ई जिम्मेदारी उनकरा के सउंपलस। ज्ञात होखे कि पछिला कई बरिस से अर्चना सिंह जिला में बीजेपी के एगो प्रखर महिला नेता के रुप में जमीनीस्तर पर काम करत रहल बाडी। उनकर गाजियाबाद में बीजेपी के एगो साफ-सुथरा छवि वाला कर्मठ कार्यकर्ता के रुप में पहचान बा। भोजपुरी समयडॉट कॉम परिवार के ओर से भी अर्चना जी के अनघा बधाई आ शुभकामना बा।

गाजियाबाद में पूर्वांचल समाज से नामित पार्षद बनलीं अर्चना सिंह

   

Related posts

Leave a Comment

4 − one =