गाजियाबाद में बढ़ल पूर्वांचल के लोगन के राजनीतिक कद

भोजपुरी समय, शशि प्रकाश तिवारी, गाजियाबादः  रोजी रोजगार के फेरा में पड़के आपन गांव जवार के छोड़ के हजारों किलोमीटर दूर परदेस में आके बसला के बावजूदो अपना मेहनत आ ईमानदारी के बलबूता जिला के विकास में आुन सतत जोगदान देवे वाला पूर्वांचल समाज के आज चारु ओर नांव हो रहल बा। फेर चाहे ऊ खेलकुद, पढ़ाई लिखाई भा राजनीती के ही क्षेत्र काहे ना होखे। देश के राजधानी दिल्ली से सटल यूपी के प्रमुख जनपदन में से एक गाजियाबाद में धीरे-धीरे ही सही बाकिर आज पूर्वांचल के लोग राजनीति में आपन पकड़ बना रहल बा लोग। हाल फिलहाल मे भइल कुछ एक नियुक्तियन आ मनोनयन के देख के त ईहे बुझाता। अबहीं कुछ दिन पहिलहीं प्रदेश भर के नगर निगमन में पार्षद मनोनयम के दौरान गाजियाबाद नगर निगम में जहां पूर्वांचल के प्रतिनिधि के रुप में अर्चना सिंह के मनोननयन प्रदेश सरकार कइलस ओहिजा अब बीजेपी के जिला आ मंडल ईकाई के पुनर्गठन में भी पूर्वांचल के लोगन के प्रमुखता दिहल जा रहल बा।

एक ओर जहां गाजियाबाद बीजेपी के महानगर ईकाई के एनजीओ प्रकोष्ठ के पूर्व सहसंयोजक सुशील कुमार सिंह के बृजविहार मंडल में मंत्री बनावल गइल बा त दोसर ओर बृज विहार मंडल के ही रहेवाला पूु्रवांचल के युवा चेहरा अशोक पांडेय के बीजेपी के महानगर अध्यक्ष संजीव शर्रमा के द्वारा बीजेपी के महानगर मीडिया संप्रक विभाग के सह-संयोजक बनावल गइल बा। एह दूनू नियुक्तियन के बाद जहां बृज विहार मंडल में रहे वाला पूर्वांचल समाज के लोगन में खुशी के लहर बा ओहिजा ई दुनु लोग भी एह उपलब्धि के जनता के प्यार आ पूर्वांचल के जीत बता रहल बाडें। ओहिजा एह मौका पर पूर्बृवांचल समाज बृज विहार के संरक्षकद्वय एस एन ठाकुर आ विरेंद्र सिंह के संगे संगे पूर्वांचल के युवा लोग मिठाई आ माला पहिरा के दुनु जने के स्वागत कइलें।

एह मौका पर पूर्वांचल समाज बृज विहार के अध्यक्ष राम प्रकाश तिवारी भोजपुरी समय के फोन पर बतवलें कि ई क्षण क्षेत्र में रहे वाला सभे पूर्वांचलि लोग खातिर गर्व के क्षण बा, आ हमनी के उमेद बा कि बीजेपी के देखा-देखी आउरी रहाजनीतिक दल भी पूर्वांचल के लोग के जिला आ प्रदेश स्तर पर पद आ प्रतिष्ठा से नवाजी। ऊ एह दुनु जने के आपन बधाई भी दिहलें। एह मौका पर भाजपा के वरिष्ठ नेता पूर्वांचल समाज बृज विहार के संरक्षक विरेंद्र सिंह, एस एन ठाकुर, पूर्वांचल समाज बृज विहार के उपाध्यक्ष अंबिका प्रसाद मौर्या, संगठन मंत्री वरुण प्रताप सिंह, प्रचार मंत्री मनीष कुमार सिंह, सदस्य बृजेश सिंह, नवनीत श्रीवास्तव हैप्पी, विक्की भारद्वाज, नितिन भारद्वाज आदि भी मौजूद रहलें

Related posts

Leave a Comment

thirteen − five =