नितिन अवस्थी, भोजपुरी समय, मिर्जापुर: परब-तीज के मौका पर घरे आवे वाला मेहमानन के स्वागत सत्कार खातिर का असों रउआ भी घर में बनल मिठाई आ नमकीन के छोड़ के बाजार में मिले वाला रेडीमेड नमकीन के लेके आवे के सोच रहल बानी, त तनी रोकीं ई खबर शाएद रउआ खातिर ही बा।
खाद्य सुरक्षा विभाग के टीम कर रहल बा नकली समानन के जांज
होली के त्योहार के देखत खाद्य सुरक्षा विभाग के टीम प्रदेश के सभ जिलन के बजारन में नकली आ मिलावटी समान के खिलाफ ताबड़तोड़ छापामारी कर रहल बा। एह क्रम में मीरजापुर जनपद के देहात कोतवाली क्षेत्र के नकहरा में पहुंचल अइसने एगो टीम अवैध रूप से चल रहल नमकीन के फैक्ट्री पर छापामरलस आ करीब तीन लाख के नमकीन के जप्त कर दिहलस। एकरा अलावा टीम अवैध फैक्ट्री में तइयार नमकीन के दूगो नमूना भी लिहले बा। गौरतलब बा कि ई फैक्टरी बिना लाइसेंस के चलत रहल हियऽ।
छापामारी के दौरान कारीगरन में मचल अफरातफरी

जब खाद्य सुरक्षा विभाग के टीम एह फैक्ट्री में छापामारी के आपन कार्रवाई करे खातिर फैक्ट्री में पहुंचल त ऊहां काम करे वाला कारीगरन में अफरातफरी माच गइल। एह टीम के नेतृत्व करे वाला अभिहित अधिकारी अभय सिंह बतवलन कि टीम नमकीन के दूगो नमूना लेके फैक्ट्री में तइयार 69 बोरी नमकीन के सील कर दिहले बा। ऊ बतवलें कि एह फैक्ट्री में शगुन बाहुबली आ शगुन सरताज नाम से नमकीन बनत रहल हऽ। अधिकारी के इहो कहनाम बा कि बिना लाइसेंस के ई फैक्ट्री चल रहल बा, एकरो खिलाफ कानूनी कार्रवाई कइल जाई।