किसान ट्रैक्टर रैली में भारी हिंसा

समाचार डेस्ट, भोजपुरी समय

गणतंत्र दिवस 26 जनवरी के प्रस्तावित किसानन के ट्रैक्टर रैली में दिल्ली के अलग जगहन पर भारी हिंसा भइल बा। रैली में भाग लेबे वाला किसानन के पुलिस संगे ना खाली झड़प भइल बा बलुक जगह सरकारी अउरी निजी सम्पति के बहुत नोकसान भइल बा।

दिल्ली पुलिस किसान आन्दोलन में भाग लेबे वाला संगठन के ट्रैक्टर रैली के खाती एगो रुट आ समय देले रहल बाकिर किसान संगठन समय से पहिले पुलिस से भीड़ंंत कऽ के ना खाली बैरीकेट तुरि दिहलें बाकिर पहिले तय रुट के अगला रूट पर रैली शुरु कऽ दिहलें। कारन दिल्ली पुलिस रैली रोके के कोसिस कइलस जेवन बाद में हिंसा के रुप धऽ लिहलस।

एह हिंसा में बहुत किसान, आम लोग आ पुलिसकर्मी घाही भइल बाड़े।

Related posts

Leave a Comment

1 + four =