काम के खोज में निकलल मासूम फर्जी ट्विट् से पहुंचल चाइल्ड लाइन

काम के खोज में निकलल मासूम फर्जी ट्विट् से पहुंचल जेल

नितिन अवस्थी, भोजपुरी समय, मिर्जापुरः रोजी रोटी के जोगाड़ करे खातिर काम के खोज में निकलल मासूम एगो फर्जी ट्विट् के चलते काम त ओकरा ना मिलल बाकिर चाइल्ड लाइन जरुर पहुंच गइल। दरअसल प्रयागराज के कोरांव के रहेवाला 14 बरिस के एगो मासूम रोटी के बेवस्था खातिर घर से निकलल आ मिर्जापुर पहुंच गइल, बाकिर जब दिनभर के खोजी के बादो काम ना मिलल त निराश होके ऊ वापिस जाए खातिर मिर्जापुर  रेलवे स्टेशन पर आके बइठ गइल। इस्टेशन पर अकेले बइठल एह लइका के एगो बीएसएफ के  जवान छोहे नाम, पता पुछे लागल, जवान के इहे पुछल ओकरा खातिर भारी पड़ गइल आ केहू जीआरपी के ट्वीटर पर ट्वीट कऽ देहलस कि स्टेशन पर एगो किशोर के ह्रासमेंट कइल जा रहल बा। ट्विट् मिलते जीआरपी सक्रिय हो गइल।  रेलवे इस्टेशन के प्लेटफार्म नंबर 2 के लिफ्ट लगे एगो लइका मिलल। ओकरा लगे एगो आउरी आदमी बइठल रहे, जे ट्रेन के इंतजार करत रहे। पूछताछ कइला पर नाबालिग बतवलस कि ओकर माईं – बाप मर चुकल बाड़ें । घर में आजी आ फुआ बा लोग ।ओह लोग से काम के तलाश में कहके आइल रहे। काफी खोजला के बादो भी काम कतहीं ना मिलल हऽ। अब घरे वापस जाए खातिर ट्रेन के इंतजार कर रहल बा। एह दौरान ओह लोग के लगे पहुँचल पुलिस लइका के संगहीं सुरक्षा बल के जवान से भी पूछताछ कइलस। सामान्य बातचीत के  तिल के ताड़ बनाकर कइल गइल ट्वीट आ ओह पर रिट्वीट के देखत पुलिस लइका के मेडिकल मुआयना भी करवलस। सब कुछ सामान्य मिलला पर पुलिस कोरांव प्रयागराज निवासी लइका के परिजन के पता ना चलला पर ओकरा के चाइल्ड लाइन भेज दिहलस ।

घटना के जानकारी देत जीआरपी के अधिकारी

 ट्विट् में लागल रहे जवान पर छेड़खानी के आरोप

गौरतलब बा कि  मऊ के रहे वाला सीमा सुरक्षा बल के जवान छुट्टी पर अपना घरे जाए खातिर ट्रेन के इंतजार करत रहे। ट्वीट कर्ता अपना ट्विट् में रेलवे स्टेशन पर बीएसएफ के जवान पर एगो नाबालिग के संगे छेड़खानी के आरोप लगवले रहे । पुलिस के जांच आ मेडिकल परीक्षण में असत्य आ निराधार मिलल । एह बात के पता जब जवान के लागल त ऊहो जांच में पुलिस के सहयोग कइलस आ सारा मामला के खुलासा भइला आ सच्चांई सामने अइला के बादे अपना घरे गइलन । सारा मामला के खुलासा भइला केबाद नाबालिग के परिवार के केहू के पता मा मिलल के बाद पुलिस ओकरा के चाइल्ड लाइन भेज दिहलस।

Related posts

Leave a Comment

4 × three =