एक्स सर्विसमैन कैंटीन के संचालक मशरक बीडीओ राजीव कुमार सिन्हा के दिहले सेनेटाइजर

एक्स सर्विसमैन कैंटीन के संचालक मशरक बीडीओ राजीव कुमार सिन्हा के दिहले सेनेटाइजर

कैंटीन संचालक रंजन कुमार सिंह मशरक थाना प्रभारी के सैनेटाइजर के पेटी देत

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय, मशरख(सारण): जब सारा देश में लोग कोरोना से जंग खातिर प्रधानमंत्री-केयरस आपदा राहत कोष में अपना अपना शक्ति आ सामर्थय के अनुसार दान दे रहल बा ओहिजा छपरा के मशरख प्रखण्ड मुख्यालय में एगो कैंटिन संचालक मानवता के एगो अलगे मिशाल प्रस्तुत कइले बाडें।जानकारी के मोताबिक इहां के यदु मोड़ पर स्टेट हाइवे 73 के किनारा स्थित एक्स सर्विसमैन कैंटीन के प्रोपराइटर रंजन कुमार सिंह के द्वारा शुक्रवार के दिने मशरख बीडीओ राजीव कुमार सिन्हा के एक पेटी सैनेटाइजर दियाइल बा। एकरा से पहिले कैंटिन संचालक रंजन कुमार सिंह कोरोना वायरस से बचाव खातिर मशरक पुलिस निरीक्षक कार्यालय में भी थाना प्रभारी के दू पेटी सैनेटाइजर सभ पुलिसकर्मी खातिर दे चुकल बाड़न। बीडीओ राजीव कुमार सिन्हा बतवले कि एक्ससर्विसमैन कैंटीन के प्रॉपराइटर रंजन कुमार सिंह के द्वारा ड्यूटी पर लागल सभे पदाधिकारी आ कर्मचारियन आउर पुलिस पदाधिकारी आ कर्मी के अलावे पत्रकारन के भी अलग-अलग घूम-घूम के करीब पांच पेटी से अधिका सैनेटाइजर दिहल गइल बा। एकरा अलावा मशरक में कई जगहा पर भी एक्स सर्विसमैन कैंटीन के द्वारा बाहर से आवे वाला लोगन के सैनेटाइजर दिहल गइल बा। एह मौका पर बीडीओ राजीव कुमार सिन्हा कहले कि समाज में रहे वाला अइसन लोगन के द्वारा आज सैनेटाइजर बाँटल जा रहल बा। जवन कोरोना जइसन खतरनाक बीमारी के भगावे के काम करी। एह मौका पर पत्रकार दिनेश कुमार सिंह, धर्मेंद्र पाडेय, अरूण कुमार पाठक, राजकुमार सिंह, पंकज सिंह, दारोगा रामभरत प्रसाद, दारोगा भावेश कुमार आदि मुख्य रूप से उपस्थित रहले।

कैंटीन संचालक रंजन कुमार सिंह मशरक बीडीओ राजीव कुमार सिन्हा के सैनेटाइजर के पेटी देत

Related posts

Leave a Comment

three × two =