जनता कर्फ्यू के समर्थन में भाजपा नेता, कार्यकर्ता सहित आम जनता लिहलस संकल्प

जनता कर्फ्यू के समर्थन भोजपुरी समयः धर्मेंद्र पांडेय, मशरखः प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा बियफे के राष्ट्र के नांवें अपना संबोधन में कोरोना वायरस रूपी महामारी के प्रति जन जागरूकता फइलावे के उद्देश्य से कइल अपील के देश भर के लोग स्वागत कर रहल बा। एही क्रम में बनियापुर के पूर्व विधायक आ भाजपा नेता तारकेश्वर सिंह मशरख प्रखंड स्थित अपना आवास पर सैकड़न भाजपा कार्यकर्ता आ आम जनता के संगे मिलके देश के पीएम मोदी के आवाहन पर एतवार के होखे वाला देशव्यापी जनता कर्फ्यू में भाग लेबे के संकल्प लिहलहन। तारकेश्वर सिंह कोरोना वायरस पर पीएम एह निहोरा के देश आ आदमी के जीनगी बचावे खातिर जरूरी आ आवश्यक कदम बतवले।

ई बात त रउओ जानतानी कि एह समय देश आ दुनिया कोरोना वायरस के प्रकोप से त्रस्त बा। अइसन में भारत के प्रधानमंत्री मोदी बियफे के देश के नांवे अपना संबोधन में 22 मार्च 2020 एतवार के दिने सबेरे 7:00 बजे से राति के 9:00 बजेले अपना मन से देश के जनता से जनता कर्फ्यू लगावे के निहोरा कइले रहस। एकरा अलावा अपना संबोधन आ निहोरो में ऊ(पीएम) एह कोरोना वायरस रूपी महामारी से लड़े खातिर धरती पर दोसर भगवान कहाए वाला डॉक्टर, पुलिस, पत्रकार आ मीडियाकर्मीयन तथा देश के सेना के ऊ सभे जवान जे आपन जान जोखिम में डालके डटल बाड़न, अइसन लोग के हौसला बढ़ावे खातिर 22 मार्च के ही सांझी के  5:00 बजे से अगिला 5 मिनट तक अपना-अपना दुआरी, छत भा दलान में खाड़ा होके मय परिवार ताली भा थरिया बजावे के भी कहले। एह मौका पर संकल्प लेबे वाला लोगन में मुख्यतः भाजपा नेता आ पूर्व विधायक तारकेश्वर सिंह के अलावा भाजपा जिला प्रवक्ता त्रिभुवन तिवारी, प्रमोद सिंह,  मशरक मंडल अध्यक्ष जमादार यादव, ललन पासवान, जिला कार्यसमिति सदस्य रणबीर राज,  राममनोहर सिंह उर्फ लड्डू सिंह, राष्ट्रीय बजरंग दल के जिला अध्यक्ष दुर्गेश कुमार गुप्ता, भाजपा नेता सुदामा तिवारी,  सहित सैकड़न के संख्या में भाजपा कार्यकर्ता आ आम जनता रहे।

Related posts

Leave a Comment

11 − one =